बारा मे १२२ किलो गाँजा सहित दु जने पकडईलें
बारा मे १२२ किलो गाँजा सहित दु जने पकडईलें

बारा २७ जेठ
बारा मे पुलीस बहुते मात्रा मे लागुऔषध गाँजा सहित दु जने के पकडले बा । बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–२१ अमलेखगञ्ज मे बा १० च ३६१९ नम्बर के कार से पुलीस ८० किलो गाँजा सहित दु जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे कार के चालक चितवन के राप्ती नगरपालिका–१० रिकाटार के २५ बरीस के मानबहादुर वाइबा आ कार मे सवार मकवानपुर के राक्सीराङ गाँवपालिका–५ के २६ बरीस के सुमन स्याङताङ रहल बाडन ।
मकवानपुर के मनहरी से बारा के पथलैया ओरी आ रहल उ कार अमलेखगञ्ज मे पुलीस चेकजाँच कईला पर कार के पछाडि पट्रटी रहल डिक्की मे चोरालुका के राखल अवस्था मे ८० किलो गाँजा बरामद भईल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
एहितरे बारा के सिम्रैनगढ नगरपालिका–१ हनुमान चोक से भी पुलीस १० किलो गाँजा सहित एगो मोटरसाइकल बरामद कईले बा । सिम्रौनगढ के नयका टोल से भाारत ओरी जा रहल बीरआर ०५ सी ७०५४ नम्बर के मोटरसाइकल पुलीस रोकके चेकजाँच करेके खोजला पर ओकरा के चालक गाँजा सहित के मोटरसाइकल छोडके फरार भईल आ उ मोटरसाइकल मे लोड रहल १० किलो गाँजा बरामद कईल न्यौपाने बतवनी ।
एहतिरे एतवार के दिने बारा के पथलैया से पुलीस गाँजा लोड रहल दोसर एगो मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा । पुलीस ३२ किलो गाँजा लोड रहल प्र.०३–००२प ५८५४ नम्बर के बरामद कईले बा । पुलीस चौकी पथलैया से खटल पुलीस टोली जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१ पथलैया चोक मे हेटौंडा से पथलैया ओरी आ रहल उ मोटरसाइकल रोकेके खोजला पर ओकरा के चालक भी गाँजा सहित के मोटरसाइकल छोडके फरार भईल रहलन ।
उ मोटरसाइकल के सिट मे बान्हके राखल झोरा चेकजाँच कईला पर ३२ किलो गाँजा बरामद भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने जानकारी देहनी ।






