मधेश मे सुशासन कायम करे खातिर नयाँ आन्दोलन के शुरुवात : नेता यादव

मधेश मे सुशासन कायम करे खातिर नयाँ आन्दोलन के शुरुवात : नेता यादव

वीरगंज ०६ असाढ

नेकपा माओवादी केन्द्र पार्टी के उपमहासचिव मातृका प्रसाद यादव मधेश मे भ्रष्टाचार आ सुशासन कायम करे खातिर नयाँ आन्दोलन के शुरुवात करेके बतवले बानी ।
मधेशी राष्ट्रिय मुक्ति मोर्चा नेपाल के वीरगंज मे शुक से होखेवाला दु दिने विस्तारित बईठक के विषय मे जानकारी देवेके उदेश्य से बियफे के दिने आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे यादव जनयुद्ध, जनआन्दोलन आ अनेकन आन्दोलनसब से व्यवस्था परिवर्तन भईला पर भी मधेश के अवस्था अभी ओईसने रहल दाबी कईनी ।
वीरगंज के नगरसभागृह मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे मोर्चा के ईन्चार्ज भी रहल नेता यादव दलाल नोकरशाह पुँजीपति वर्ग के कब्जा मे देश गईल चर्चा करत ओकर भण्डाफोर करे खातिर मधेश मे भ्रष्टाचार विरोधी कार्जक्रम निरन्तर चलेके बतवनी ।
नेता यादव सामन्तवाद, मधेश कंगाली के अवस्था मे पुगल कहत राष्ट्रिय पूँजी के विकास विना देश के समृद्धि सम्भव ना रहल आ विचार शुन्यता के अवस्था मे बोलवालासब के चलते उत्पीडित वर्गसब आउर उत्पीडन मे परल जिकिर कईनी ।
राजनीति के कमाई खाएवाला साधन बनाके राजनीति हि फुहरी खेल ह कहके भाष्य सृजना करके जनता के संघीयता आ गणतन्त्र के विपक्ष मे पारेवाला भ्रम के जालसब बुन रहल बतवनी ।
नेपाल मे सब से उपेक्षित मधेश आ मधेशी हि भईला से एकर उत्थान के खातिर मधेशी राष्ट्रिय मुक्ति मोर्चा के पुर्नजीवन देहल जरुरत महशुल करके एकर अभियान शुरु करे लागल उ जानकारी देहनी ।
नेता यादव अभी नेकपा माओवादी केन्द्र सरकार के नेतृत्व मात्र कर रहल आ शान्ति प्रक्रिया के कार्यभार पूरा करे खातिर बाँकी रहल आ कुछ शान्ति विरोधी तत्वसब पूराना मुद्दासब उल्टावेके षड्यन्त्र भी कर रहला से ओकरा खातिर भी अभी के सरकार के मोर्चा बनावेके विवसता माओवादी के रहल बतवनी ।
प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य तथा पर्सा इञ्चार्ज नीरज पिठाकोटे मगर के सभापतित्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे नेकपा माओवादी केन्द्र के केन्द्रिय सदस्य तथा पर्सा इञ्चार्ज विजय महतो, मोर्चा के संयोजक तथा सांसद जगत यादव, सह–संयोजक नन्दकिशोर यादव आ विश्वदिप यादव, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य जगत राई लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।