मातृभाषा शिक्षा (भोजपुरी)के अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा
मातृभाषा शिक्षा (भोजपुरी)के अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा

वीरगंज ०६ असाढ
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका के आयोजना में बियफे के दिने मातृभाषा शिक्षा (भोजपुरी) के अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बहुदरमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख सिंहासन साह तेली के अध्यक्षता आ भाषा आयोग नेपाल के अध्यक्ष डा. गोपाल ठाकुर के प्रमुख अतिथ्यता में भईल अभिमुखीकरण कार्जक्रम में भाषा आयोग के अध्यक्ष डा. गोपाल ठाकुर मातृभाषा शिक्षा (भोजपुरी) के बारे प्रशिक्षण देहले रहनी ।
नगरपालिका के उप नगर प्रमुख सुष्मा कुमारी कुशवाहा, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत महम्द शेरे मुस्तुफा, भाषा आयोग के सदस्य गोपाल सरार्फ, बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ के वार्ड अध्यक्ष बिरेन्द्र प्रसाद यादव, वार्ड नम्बर ८ के वार्ड अध्यक्ष पुनिला साह तेली, समाज सेवी बिपिन यादव, शिव शंकर यादव आ अनेकन स्कूल के प्रधानाध्यापक लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजीकरण पाठ्यक्रम विकास केन्द्र के मातृभाषा भोजपुरी के विषय विशेषज्ञ संदीप जैसवाल कइले रहनी ।






