बीपीएस कलेज मे खेलकुद सप्ताह के तिसरका दिन कबड्डी आ खो खो खेल

बीपीएस कलेज मे खेलकुद सप्ताह के तिसरका दिन कबड्डी आ खो खो खेल

वीरगंज १८ माघ

वीरगंज रानीघाट जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से उत्तर मे रहल बीपीएस प्लस टु कलेज मे पढेवाला विद्यार्थीलोग के खातिर बुध से सुरु भईल खेलकुद सप्ताह के तिसरका दिन आजु कबड्डी आ खो खो खेल पुरा भईल बा ।
पहिलका दिन (बुधके) ब्याटमिन्टन आ फुटबल, दुसरका दिन लुडो, चेस, स्किपिंग, टग अफ वार भईल रहे आ आजु शुक के दिने कबड्डी आ खो खो खेल पुरा भईल बा ।
खेलकुद सप्ताह के तिसरका दिन विशिष्ट अतिथि नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सह–सचिव अजय चौरसिया, नेपाल खेलकुद पत्रकार मञ्च पर्सा के अध्यक्ष तिवारी यादव आ रातो पाना अनलाईन के सञ्चालक श्याम सर्राफ विद्यार्थीलोग के पढाई के साथे अतिरिक्त क्रियाकलाप खेलकुद बहुते जरुरी रहल बतवले रहलन । खेलकुद से स्वास्थ्य भी बढिया रहेवाला भईला से विद्यार्थीलोग के क्षमता पहिचान करके रुची अनुसार के खेलकुद मे भाग लेहला मे खुसी जनावत उलोग के उज्जवल भविष्य के कामना भी कईले रहलन ।
वीरगंज खेलकुद के खातिर उर्बर भुमि भईला से ईहाँ के बहुते खेलाडीलोग राष्ट्रिय आ अन्तर्राष्ट्रिय स्तर मे नाम कमाए मे सफल भईल उदाहरण देत ई खेल प्रतियोगिता के पूर्ण सफलता के शुभकामना देत कलेज परिवार के हार्दिक बधाई सहित आवेवाला दिन मे अईसन कार्जक्रम के आयोजना करत रहेके सुझाव भी देहले रहलन ।
खेल सप्ताह भर बैडमिन्टन, फुटबल, चेस, लुडो, स्किपिङ, डोरीयन, कबड्डी, खो–खो, स्लो साइकल, रेस, स्पुन मार्बल, म्युजिकल चेयर जईसन अनेकन प्रतियोगिता सञ्चालन करेके कलेज के निर्देशक सन्दीप कुशवाहा बतवनी । कलेज के शैक्षिक निर्देशक दीपक पटेल विद्यार्थीलोग के प्रतिभा पहिचान करे खातिर खेलकुद महत्वपूर्ण होखेके बतावत अतिरिक्त क्रियाकलाप से उलोग के सफलता ओरी लेजाएके विश्वास जनवले रहनी । कार्जक्रम के दौरान कलेज के खेलकुद संयोजक आकाश पटेल प्रतियोगितालोग बारे जानकारी करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।