चरेस आ गाँजा सहित दु जने वीरगंज नाका से पकडईलें

चरेस आ गाँजा सहित दु जने वीरगंज नाका से पकडईलें

वीरगंज ०८ फागुन

वीरगंज मे गाँजा आ चरेस सहित दु जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे एक नेपाली जनानी आ एक भारतीय पुरुष रहल बाडन ।

वीरगंज–१६ शंकराचार्य प्रवेशद्वार मे पुलीस चेकजाँच करेके समय मे बारा के प्रसौनी गाँवपालिका–२ बुनियाद स्थायी घर रहल अभी वीरगंज–१६ बसपार्क मे डेरा लेके रहत आईल ३० बरीस के आरती यादव चरेस सहित पकडाईल बाडि । उनका के ११ किलो ४०० ग्राम चरेस सहित पकडल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक सुवास भट्ट बतवनी ।

एहितरे शंकराचार्य गेट मे चेकजाँच के खातिर पुलीस चौकी इनर्वा से खटल पुलीस टोली भारत के पश्चिम बंगाल राज्य के नदिया थाना घर भईल २८ बरीस के राज अधिकारी के चरेस आ गाँजासहित पकडल गईल बा । उनकर साथ से गाँजा ६ किलो ३०० ग्राम आ चरेस २ किलो १०० ग्राम बरामद भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक भट्ट बतवनी । चरेस आ गाँजा सहित पकडाईल दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखके उलोग विरुद्ध लागूऔषध सम्बन्धी कसुर मे आउर अनुसन्धान काम हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।