पर्सा के कालिकामाई के एक विद्यालय मे दर्जनो विद्यार्थी बेहोस

पर्सा के कालिकामाई के एक विद्यालय मे दर्जनो विद्यार्थी बेहोस

वीरगंज १९ फागुन

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर –४ मे रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यामिक विद्यालय मे सबेरे १०ः१० बजे प्रार्थना सुरु भईला के बाद किलास ६ के एक लईकी बेहोस भईली । उनका के तत्काल विद्यालय के अफिस मे पुगाके प्राथमिक उपचार कईल गईल ।

‘चक्कर आईल जईसन होके गिरल रहली । विद्यालय लगे अस्पताल रहे । डाक्टर बोलाके ईलाज कईल गईल,’ विद्यालय के प्रधानाध्यापक इन्द्रदेव प्रसाद कुर्मी कहनी । उ लईकी के ईलाज होत रहे तले किलास १० के दोसर एक लईकी गिरली । विद्यालय उनका के भी अफिस मे लियाके ईलाज सुरु कईलख । फेनु कुछ देर मे किलास ७ के दोसर लईकी भी बेहोस् भईली । क्रमशः किलास ८ आ ६ के विद्यार्थी भी एक के बाद एक करके बेहोस होखे लगलन । अईसे हि १४ जने विद्यार्थी बेहोस भईलें ।

‘१३ जने के ईलाज के बाद ठिक भईल बाडन माकिर किलास ९ के १ विद्यार्थी गम्भीर भईला के बाद एम्बुलेन्स बोलाके मेडिकल कलेज वीरगंज मे पुगावल गईल । अभी ईलाज हो रहल बा,’ प्रधानाध्यापक कुर्मी कहनी ।

एक के बाद दोसर करके विद्यार्थी बेहोस भईला के बाद विद्यालय मे तनाव के स्थिति बनल । ‘आजु के किलास बन्द करके विद्यार्थीलोग के घर पठावल गईल,’ प्रधानाध्यापक कुर्मी कहनी । घर मे पुगला के बाद भी ४ जने विद्यार्थी बेहोस भईल जानकारी प्रधानाध्यापक कुर्मी के आईल । का कारण से विद्यार्थी अईसे बेहोस भईल कहके पहिचान ना भईल उ बतवनी ।

‘मेडिकल रिपोर्ट आईल नईखे । कउन कारण से ह पहिचान भईल नईखे । एक जने गिरल देखके दोसर जने भी गिरल हो सकता,’ प्रधानाध्यापक कुर्मी कहनी ।

घर मे गईल विद्यार्थी भी बेहोस् होके गिरला के बाद दु दिन के खातिर विद्यालय हि बन्द कईल बा । ‘बिहान आ परसो के खातिर छुटी देहल गईल बा। सभी ठिक भईला पर बियफे से किलास सञ्चालन कईल जाई,’ प्रधानाध्यापक कुर्मी कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।