युवा चेतना के विस्फोट, सोशल मीडिया कम्पनियन के व्यापारिक हित, विश्व के दबंग देशन के भूमिका आ नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन
युवा चेतना के विस्फोट, सोशल मीडिया कम्पनियन के व्यापारिक हित, विश्व के दबंग देशन के भूमिका आ नेपाल के 'जेन ज़ी' आंदोलन

परिचय दास
प्रोफेसर, नव नालंदा महाविहार , नालंदा ( सम विश्वविद्यालय , संस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार )
पूर्वाह्न के उदास रंग नेपाल के राजधानी काठमांडू पर पसरल रहे, बाकिर ई रंग सामान्य नइखे। ई समय रहे संघर्ष के, ई समय रहे विरोध के, ई समय रहे युवा चेतना के विस्फोट के। 2025 के 3 सितंबर के दिन, जब सरकार अचानक 26 प्रमुख सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पर रोक लगा दिहलस, तब कुछ पल अइसन रहे, जवन भविष्य खातिर क्रांति के बीज बन गइल। फेसबुक, इंस्टाग्राम, यूट्यूब, व्हाट्सएप आ X (पहिले ट्विटर) जइसन दुनिया भर में संवाद के माध्यम माने वाला साइट्स पर रोक के फैसला, युवन के दिल में आग भर दिहलस। ई रोक खाली तकनीकी आदेश ना रहे, बल्कि एगो सामाजिक बंदिश बन के उनकर हौसला पर प्रहार करत रहे।
युवा पीढ़ी, जवन पहिले से ही भ्रष्टाचार, सत्ता के अत्याचार आ अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता के सीमा से असंतुष्ट रहे, ई कदम के सरकार के तानाशाही मानसिकता के प्रतीक माने लागल। सोशल मीडिया के माध्यम से उनकर विचार, आवाज़ आ विरोध के गूँज विश्व के कोना-कोना तक पहुँचत रहे, बाकिर अचानक ओह संवाद के चुप करे के कोशिश भइल। ई ओह पल रहे, जब युवा वैश्विक स्तर पर उठ खड़ा भइल। ‘जेन ज़ी’ आंदोलन ओह अंतर्निहित क्रांति के आवाज दिहलस, जवन सीमा के दीवार तोड़ देहलस।
प्रदर्शनकारी सड़क पर उतर गइल। उनका नारा रहे – “सोशल मीडिया के बंद मत करो, भ्रष्टाचार के बंद करो”, “हमार आवाज दबावल ना जा सकेला”, “युवन के अधिकार, अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता।” ई खाली नारा ना रहे; ई उनका जीवन के धड़कत स्वर रहे, संघर्ष के पुकार रहे। काठमांडू के गलियन से संसद भवन तक के सफर बन गइल प्रतिरोध के मार्ग। हर कदम पर आंसू गैस के बौछार, रबर के गोली आ कभी-कभी गोली के सुई-सी चुप्पी रहे। कई बेरहम हमले में 19 युवा अपन प्राण गवा दिहलस, बाकिर उनकर आत्मा आंदोलन के आगा बढ़ा दिहलस। उ चल गइलें, बाकिर उनका सपना के लौ नइखे बुझल।
सरकार के प्रतिक्रिया एगो संरक्षित स्वार्थ जइसन रहे। उ कहलस ई ‘राष्ट्रीय सुरक्षा’ आ ‘संप्रभुता के रक्षा’ खातिर बा, आ अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता के कुचलल गइल। बाकिर ई कदम वैश्विक मंच पर ओकर छवि धूमिल कर दिहलस। संयुक्त राष्ट्र से लेके मानवाधिकार संगठन तक ई अमानवीय कार्रवाई के निंदा कइलस आ स्वतंत्र जांच के मांग कइलस। आंदोलन ई भी देखवलस कि लोकतंत्र के परिभाषा खाली चुनाव तक सीमित ना हो सकेला; ई जन-जन के आवाज से बनल होला।
गृह मंत्री रमेश लेखक के इस्तीफा आ मानवाधिकार आयोग के अपील केवल दिखावा ना रहे। ई ओह राजनीतिक दबाव के प्रतीक रहे जवन विरोध के लहर से बनल। ई आंदोलन सरकार के खिलाफ ना, बल्कि लोकतंत्र के मूल आत्मा के प्रति श्रद्धांजलि बन के उभरल।
ई आंदोलन खाली विरोध ना रहे, बल्कि चेतना के पुकार रहे, जवन अपन अस्तित्व, अभिव्यक्ति आ स्वतंत्रता खातिर संघर्षरत बा। ई संघर्ष ओह समय आ ओह समाज में उभरल, जहाँ परंपरा आ आधुनिकता के बीच गहिर खाई बन गइल बा आ जहाँ युवा अपन आवाज़ के सुनावे खातिर हर संभव प्रयास कर रहल बा।
समाज के ई युवा वर्ग महसूस कइलस कि उनकर अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता पर अंकुश लगावल जात बा। सोशल मीडिया, जवन उनकर विचार आ भावना के मुख्य माध्यम बन चुकल रहे, अब प्रतिबंधित कइल जात बा। ई प्रतिबंध खाली तकनीकी कदम ना बा, बल्कि एगो सांस्कृतिक आ मानसिक आक्रमण बा, जवन उनकर पहचान आ स्वतंत्रता के चुनौती दे रहल बा। जब एगो युवा अपन विचार साझा करे खातिर सोशल मीडिया इस्तेमाल करेला, त उ खाली प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल ना कर रहल, बल्कि अपन अस्तित्व के घोषणा कर रहल बा।
ई आंदोलन में भाग लेवे वाला युवन देखलस कि उनकर आवाज दबावे के कोशिश हो रहल बा। जब उ लोग ई प्रतिबंध के खिलाफ आवाज उठइलस, तब हिंसा के सामना कइलस। कई युवा शहीद भइलें आ कई घायल भइलें। ई हिंसा खाली शारीरिक ना रहे, बल्कि मानसिक आ भावनात्मक भी रहे। जब एगो युवा अपन अधिकार खातिर संघर्ष करेला आ ओकर सामना हिंसा से होखे, त ई समाज के ओह मानसिकता के दर्शावेला जवन परिवर्तन के स्वीकार ना करे।
ई आंदोलन खाली राजनीतिक या सामाजिक संघर्ष ना रहे, बल्कि सांस्कृतिक पुनर्निर्माण के जरूरत के ओर इशारा कर रहल बा। ई सोचावे पर मजबूर करेला कि हम कवन दिशा में जातानी। का हम अइसन समाज के ओर बढ़तानी, जहाँ स्वतंत्रता आ अभिव्यक्ति के जगह नइखे? का हम अइसन भविष्य के ओर बढ़तानी, जहाँ युवा अपन आवाज उठावे ना सके?
ई घटना सिखावेला कि परिवर्तन आसान नइखे। जब नई सोच या विचार सामने आवेला, त ओकर स्वीकार करना समाज खातिर चुनौतीपूर्ण होला। बाकिर ई चुनौती समाज के प्रगति के ओर ले जाला। ई आंदोलन देखावेला कि युवा खाली भविष्य ना, बल्कि वर्तमान भी बा। उनका आवाज, विचार आ अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता समाज के प्रगति खातिर जरूरी बा।
नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन सिखावेला कि स्वतंत्रता आ अभिव्यक्ति के रक्षा खाली अधिकार ना, बल्कि जिम्मेदारी भी बा। ई सिखावेला कि समाज में परिवर्तन लावे खातिर आवाज उठावे के पड़ी, आ किसी भी हिंसा या दमन के खिलाफ खड़ा होखे के पड़ी। ई आंदोलन प्रेरणा बा, जवन अधिकार के रक्षा आ समाज में सकारात्मक बदलाव लावे के प्रेरित करेला।
ई आंदोलन समकालीन समाज के पीड़ा के गाथा बा, जहाँ युवा वर्ग के संघर्ष खाली व्यक्तिगत अधिकार खातिर ना, बल्कि लोकतंत्र के संकल्पना पर आधारित रहे। ई भारत, नेपाल आ अन्य लोकतांत्रिक देशन के युवाओं खातिर प्रेरणा बन गइल। वैश्विक ध्रुवीकरण के दौर में, जहाँ अमेरिका आ चीन जइसन शक्तिशाली राष्ट्र टकराव के नीति अपना लेले बा, वहीं छोट लोकतंत्र के नागरिक अपन आत्मा के बचावे खातिर जुझत बा। सोशल मीडिया पर ई प्रतिबंध एगो वैश्विक संघर्ष के हिस्सा बन गइल, जहाँ तकनीकी आज़ादी बनाम राजनीतिक नियंत्रण के लड़ाई चलल।
भारत सहित एशियाई लोकतंत्र पर ई गहरा असर डलल। भारतीय युवाओं ने नेपाल में हो रहल घटना पर संवेदना देखवल। ई आंदोलन खाली नेपाल के ना, बल्कि पूरे क्षेत्र के लोकतांत्रिक मूल्यों पर प्रश्नचिन्ह बन के खड़ा भइल। “का आज के सरकार लोकतंत्र के भावना समझत बा?” ई प्रश्न हर नागरिक के मन में गूंज उठल।
ई आंदोलन खाली विरोध ना, बल्कि भावनाओं के सशक्त संकलन रहे। ई पीड़ा के कविता रहे, जवन हर संघर्षरत युवा के आत्मा से प्रवाहित होत रहे। हर घायल युवा के चीख, हर मरे युवक के खामोश चेहरा, हर नारा – ई सब काव्यात्मक विराम बिना एगो गद्यात्मक विमर्श में बदल गइल। एगो विमर्श, जवन लेखक खातिर प्रेरणा, सोच वाला खातिर प्रतिबिंब आ समझ वाला खातिर संवेदना बन गइल।
नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन प्रमाण बा कि आजो युवाओं में परिवर्तन के अनंत ऊर्जा बा। ई नया युग के शुरुआत के प्रतीक बनल, जहाँ हर व्यक्ति अपन विचार अभिव्यक्त कर सके। ई संघर्ष के कहानी बा, जवन पीढ़ियन तक गूंजत रही, काहे कि सत्य आ न्याय के आवाज कभी ना मरेला।
नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन खाली राष्ट्रीय संघर्ष ना, बल्कि वैश्विक राजनीति, सूचना युग के संवेदनशीलता आ अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता के संकट के प्रतीक बन गइल। ई आंदोलन आज के वैश्विक संदर्भ में लोकतंत्र आ तानाशाही के बीच चल रहल संघर्ष के नवीनतम गाथा बनल। सोशल मीडिया पर प्रतिबंध के बहाने उठल ई आवाज, दुनियाभर के युवाओं के दिल छू गइल, काहे कि ई खाली नेपाल के समस्या ना, बल्कि एगो वैश्विक संकट बन गइल।
वैश्विक परिप्रेक्ष्य में सूचना क्रांति दुनिया के एतना छोट कर दिहलस कि एगो व्यक्ति के आवाज अंतरराष्ट्रीय स्तर पर गूंजे लागल। एह सूचना युग में सत्ता केंद्रन के बीच संघर्ष टेक्नोलॉजी आ नियंत्रण के संघर्ष बन गइल बा। अमेरिका, चीन, रूस जइसन बड़े देश सोशल मीडिया प्लेटफ़ॉर्म्स नियंत्रित करे खातिर नीति बनावत बा। चीन जहाँ ‘ग्रेट फायरवॉल’ से अपन नागरिक के ऑनलाइन दुनिया नियंत्रित करत बा, वहीं अमेरिका आ यूरोप अपन डेटा संरक्षण कानून के बहाना बनाके स्वतंत्रता पर सीमा लगावे के कोशिश करत बा।
नेपाल में ई आंदोलन वैश्विक द्वंद्व उजागर कइलक। ई बतावेला कि जब सत्ता के अहंकार आम नागरिक के आवाज दबावे लागेला, त प्रतिरोध स्वाभाविक बा। वैश्विक मंच पर मानवाधिकार संगठन, पत्रकार समूह आ लोकतंत्र समर्थक संस्था आंदोलन के साथ एकजुट भइल। संयुक्त राष्ट्र संयम बरतल आ न्यायसंगत जांच के अपील कइल, जबकि अमेरिका लोकतंत्र के बात करत रहे, बाकिर चीन नियन सीधे दबाव ना डालल।
ई विरोध वैश्विक ध्रुवीकरण के जटिलता भी देखावल। जहाँ भारत, नेपाल आ अन्य एशियाई देश अपन स्वतंत्रता के रक्षा कर रहल, वहीं पश्चिमी लोकतंत्र आ ऑटोक्रेटिक व्यवस्था अपन-अपन हित साधे में लागल। अमेरिका के सोच स्पष्ट कर देहल कि लोकतंत्र तबही महत्वपूर्ण बा, जब ओकर रणनीति में शामिल हो। चीन के नीति से इंटरनेट पर नियंत्रण देखावल गइल, बाकिर नेपाल जइसन छोट लोकतंत्र पर दबाव डाल के उहे राह अपनावे के कोशिश भइल। ई वैश्विक राजनीति के विरोधाभास बा, जहाँ लोकतंत्र के सिद्धांत केवल कागज में रह गइल।
सोशल मीडिया प्रतिबंध के असर वैश्विक अर्थव्यवस्था पर भी पड़ल। प्लेटफ़ॉर्म पर रोक से छोट व्यवसायी, फ्रीलांसर आ कलाकार जे इंटरनेट से पहचान बनावत रहे, ओह लोग के आजीविका खतरा में पड़ गइल। ई आंदोलन डिजिटल आर्थिक असमानता के गंभीर तस्वीर पेश कइल। अमेरिका में बड़े टेक कंपनी मुनाफाखोरी में लागल, नेपाल जइसन देश अपन नागरिक के उपकरण मानके आवाज चुप कर देत।
वैश्विक युवा पीढ़ी ई आंदोलन के सिर्फ स्थानीय विरोध ना बुझल, बल्कि ई सार्वभौमिक संघर्ष बन गइल। सोशल मीडिया पर हजारों संदेश, वीडियो आ लेख साझा भइल। युवा अमेरिका से अफ्रीका, यूरोप से एशिया तक नेपाल के संघर्ष समर्थन कइल। हर पोस्ट, ट्वीट, ब्लॉक ई आंदोलन के अंतरराष्ट्रीय अभियान बना दिहलस। ई प्रतिरोध वैश्विक नागरिकता के संवेदनशील स्वर समेटले रहे।
नेपाल सरकार के रजिस्ट्रेशन मांग के पीछे उद्देश्य डिजिटल गतिविधि पर नियंत्रण आ हिंसक सामग्री रोकल रहे। बाकिर अधिकांश कंपनी समय सीमा में रजिस्ट्रेशन ना कइली। कारण बा:
गोपनीयता – कंपनी चिंता में बा कि व्यक्तिगत जानकारी सरकार के हाथ लगे से निजता टूट जाई।
तकनीकी चुनौती आ लागत – जानकारी इकट्ठा, सुरक्षित राखल आ समय पर देबे के बोझ भारी।
वैश्विक नीति के विरोध – अंतरराष्ट्रीय स्तर पर नीति बने बिना पूरा लागू करना चुनौती।
राजनीतिक चाल – वैश्विक हित खातिर सरकार के नियंत्रण सीमित राखे के कोशिश।
सोशल मीडिया कंपनियन के रवैया प्राइवेसी पॉलिसी, तकनीकी असमर्थता, आर्थिक खर्च आ वैश्विक व्यापार नीति पर आधारित बा। साथे साथ सरकारी दबाव से बचल आ कार्य स्वतंत्रता बनाए राखल चाहत बा।
ई पूरा घटनाक्रम में आम जनता के सुरक्षा बनाम निजता के जद्दोजहद पर गहरा प्रश्न बा। ई खाली नेपाल के समस्या ना, बल्कि दुनिया में डिजिटल शासन के चुनौती बनके सामने आइल बा।
ई आंदोलन देखावेला कि तकनीक अब खाली व्यापार या मनोरंजन के माध्यम ना, बल्कि अभिव्यक्ति के जनसाधन बन गइल बा। जब एह पर दमन होखेला, त ई मानवाधिकार उल्लंघन बन जाला। वैश्विक स्तर पर ई आंदोलन अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता, डिजिटल अधिकार आ लोकतंत्र के पुनर्परिभाषा के मांग बनके उभरल।
नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन के गूँज न केवल नेपाल में, बल्कि समस्त लोकतांत्रिक देशन में गूंजत रही। ई चेतावनी बा कि भविष्य के पीढ़ी संघर्षरत होके भी स्वतंत्रता के अधिकार पाए। वैश्विक राजनीति चाहे कठोर हो, युवा चेतना के आवाज़ कभी ना मरे। ई आंदोलन नया अध्याय बा, जवन भविष्य के लोकतंत्र के दिशा रेखा खींची।
अमेरिका आ चीन के भूमिका पर गौर करे के जरूरत बा। चीन के डिजिटल नियंत्रण मॉडल सख्त बा। ‘ग्रेट फायरवॉल’ से नेपाल में नीति लागू करावे में प्रभाव मानल जा सकेला। अमेरिका वैश्विक मंच पर लोकतंत्र, अभिव्यक्ति आ मानवाधिकार के बात करत बा, बाकिर रणनीति आ डिजिटल निगम के हित खातिर।
नेपाल के युवा स्वतंत्रता, अभिव्यक्ति आ भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज़ उठावत बा। ई आंदोलन वैश्विक शक्ति संघर्ष के प्रतीक बन गइल। ई संघर्ष आगे चलके डिजिटल अधिकार, राष्ट्रीय संप्रभुता आ वैश्विक सामरिक संतुलन के बीच नया विमर्श जन्माई।
सच ई बा कि अमेरिका आ चीन के भूमिका अप्रत्यक्ष रूप से बा, बाकिर असली नायक नेपाल के युवा बा, जवन अपन भविष्य खातिर संघर्षरत बा।
नेपाल के ‘जेन ज़ी’ आंदोलन भारत पर बहुआयामी असर डलल। भारत-नेपाल के ऐतिहासिक, सांस्कृतिक, भौगोलिक आ राजनीतिक साझेदारी बा। नेपाल में सोशल मीडिया प्रतिबंध आ विरोध भारतीय युवाओं खातिर चेतना बन गइल। छात्र संगठन, सोशल एक्टिविस्ट, स्वतंत्र पत्रकार आ नागरिक समाज समूह नेपाल के समर्थन में आवाज़ उठवलें।
ई आंदोलन भारत-नेपाल संबंध पर अप्रत्यक्ष असर डलल। भारत नेपाल के लोकतंत्र के सुरक्षा समर्थन करत बा, बाकिर सामाजिक अस्थिरता के चिंता बा। चीन के प्रभाव क्षेत्र में नेपाल के फिसलना भारत खातिर सुरक्षा चुनौती बन सकत। भारत के डिजिटल नीति वैश्विक नजर से परखी जात बा।
नेपाल के आंदोलन भारत के चेतावनी बा – लोकतंत्र के रक्षा राजनीतिक सत्ता के जिम्मेदारी ना, हर नागरिक के अधिकार आ कर्तव्य भी बा। लोकतंत्र के मूल स्तम्भ – अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता, सूचना के मुक्त प्रवाह, नागरिक के सशक्त अधिकार – राजनीतिक दबाव या विदेशी खेल खातिर बलि ना चढ़ावल जाई।
नेपाल में उभरल आंदोलन डिजिटल अधिकार, लोकतंत्र आ अभिव्यक्ति के महत्त्व के पुकार बनके उभरल। युवा पीढ़ी अपना साहस, संघर्ष आ निडरता से ई संदेश दिहल कि तानाशाही के तमाम प्रयास व्यर्थ बा।
वैश्विक परिदृश्य पर ई आंदोलन सिर्फ नेपाल के संघर्ष ना, बल्कि वैश्विक नागरिकता के क्रांतिकारी आवाज़ बन गइल। चीन के डिजिटल नीति, अमेरिका के द्वैध राजनीति आ भारत के सतर्कता – सभ परछाई ई आंदोलन में रहली। बाकिर केंद्र में रहे जनमानस के संघर्ष।
अंत में, ई आंदोलन भविष्य के पीढ़ी के स्मरण करावेला कि लोकतंत्र केवल चुनाव ना, बल्कि हर व्यक्ति के स्वतंत्र सोच, बोलल आ अभिव्यक्ति से बनला। नेपाल के युवा अपन संघर्ष से साबित कइले कि सत्य, न्याय आ स्वतंत्रता के राह कठिन जरूर बा, बाकिर असंभव ना। ई ह उनका सबसे बड़ी विजय बा, जवन पीढ़ियन तक गूंजत रही। साथे संभव बा कि कल सोशल मीडिया कंपनियन के व्यापारिक हित आ विश्व के दबंग देशन के भूमिका के पोल खुले।





