मन्त्री घिसिङ के ८ सुत्रिय माग सहित के ज्ञापन पत्र
मन्त्री घिसिङ के ८ सुत्रिय माग सहित के ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव
बारा २६ अगहन
शुक के दिन संघिय भौतिक पुर्वाधार तथा यातायात मन्त्री कुलमान घिसिङ के बारा जिल्ला के भौतिक विकास के खातिर ८ शुत्रिय माग सहित के ज्ञापनपत्र नगर के युवा लोग बुझाइले बा ।
.मानवत मटिअर्वा सडक खण्ड अन्तर्गत कलैया के ३ किलोमीटर सडक निर्धारित समय मे निर्माण होखेके पडल , मोतिसर से फेटा चौक तकके ३ किलोमीटर रास्ता तुरानतरे निर्माण करावेके पडल , बसतपुर से कबहीगोठ तक के रास्ता अभिए निर्माण होखेके पडल , बडहर्वा से सिमरा जायेवाला रास्ता जल्दीही बनावेके पडल , हरनहिया-टेढाकट्टी रोड के हाईवे बनावे के
टेढाकट्टी गाउँ मे रहल रास्ता के लिङक रोड रुप मे मातरे प्रयोग होखेके पडल , कोल्हवी के सदरमुकाम कलैया से जोडेवाला रास्ता बनावेके पडल , पथलैया-निजगढ सडक खण्ड अन्तर्गत दुधौरा नदी के पुल अविलम्ब निर्माण होखेके पडल आ यातायात कार्यालय सभे मे बढल भ्रष्टाचार के अन्त्य होखेके पडल माग बुझवाले बा । सौरभ चौगाई के अगुवाई मे मन्त्री घिसिङ के ज्ञापन पत्र बुझावल गईल ।





