दहेज विरोधी जागरूकता गीत “दाल दरेम राजा तोहरा करेज प” भइल रिलीज

दहेज विरोधी जागरूकता गीत “दाल दरेम राजा तोहरा करेज प” भइल रिलीज

बीरगंज ३ माघ

समाज में आजो जड़ जमवले दहेज (दाइजो) प्रथा पर करारा प्रहार करत नया भोजपुरी सामाजिक जागरूकता गीत “दाल दरेम राजा तोहरा करेज प” रिलीज भइल बा। ई गीत आ वीडियो दहेज आधारित शादी से पैदा होखे वाली पारिवारिक समस्या आ तनाव के सजीव चित्रण करेले।

गीत के वीडियो में साफ देखावल गइल बा कि जब बियाह दहेज के लेन–देन पर टिकल होखेला, त ओहसे परिवार में अशांति पैदा हो जाले। पत्नी द्वारा पति के बात ना मानल, घर–गृहस्थी के जिम्मेदारी में सहयोग ना करल, दहेज के नाम पर काम से इंकार करल, पति पर मानसिक दबाव बनावल आ इज्जत ना देवे जइसन स्थिति सामने आवेले।

गीत के मूल संदेश एकदम स्पष्ट बा — दहेज प्रथा छोड़ले बिना परिवार में सच्चा प्रेम, सम्मान आ सुख संभव नइखे। ई गीत समाज से बराबरी, समझदारी आ आपसी सम्मान के साथ बियाह करे के अपील करेले।
ई सामाजिक संदेश से भरल गीत के गीतकार बाड़े उमालाल जी। गीत में अभिनय कइले बाड़े दीपेश शर्मा आ पारुल यादव।

गायकी में आवाज दिहले बाड़े चंदन प्रजापति आ शिवानी सिंह। गीत के निर्माता बाड़े नितेश मेहता। “दाल दरेम राजा तोहरा करेज प” भोजपुरी सामाजिक गीत के रूप में दहेज विरोधी अभियान के मजबूत आवाज बन के उभर रहल बा आ समाज में सकारात्मक बदलाव के उम्मीद जगावत बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।