सरवर नेपाली के नाम एगो साँझ

बेशक लगाके देखले भरपुर जोर आप हरगिज बना न पाएगे कौएको मोर

वीरगंज १८ कातिक 

आरजु काठमांडू के घंटाघर स्थित मिल्लत-ए-इस्लामिया भवन में श्री सरवर नेपाली के सम्मान में आयोजित विशेष साहित्यिक कार्यक्रम आ मुशायरा सफलतापूर्वक आ शानदार ढंग से सम्पन्न भइल।

कार्यक्रम के अध्यक्षता मौलाना नजर-उल-हसन साहब (अध्यक्ष, NDS) कइलें। कार्यक्रम में राष्ट्रीय सभा के सम्मानित सदस्य श्री खालिद सिद्दीकी साहब विशेष अतिथि रहलें, जबकि अल-हरा एजुकेशन सोसाइटी के अध्यक्ष श्री खुर्शीद साहब सम्मानित अतिथि के रूप में उपस्थित रहलें।

मुशायरा में सरवर नेपाली, इम्तियाज वफा आ कलीम अंजुम ,राहमतुला मियाँ अपना शानदार शायरी से श्रोता लोग के मंत्रमुग्ध कर दिहलें। कार्यक्रम के संचालन के जिम्मेदारी श्री मुजम्मिल नूर साहब निभवलें।

एह यादगार साहित्यिक आयोजन में प्रतिष्ठित शिक्षाविद्, साहित्यकार, समाजसेवी आ पत्रकार एसएम जहानगस्त तथा वीरगंज के श्रवण प्रसाद साह समेत बड़ी संख्या में साहित्यप्रेमी लोग के सहभागिता रहल, जे महफिल के अउरी यादगार बना दिहलस।

कार्यक्रम में शामिल सभ सम्मानित अतिथि, शायर आ सहभागी लोग के हार्दिक धन्यवाद आयोजक साहित्यिक संस्था उर्दु एकेडेमी नेपाल के अध्यक्ष इम्तियाज वफा  कईलन।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।