बारा के पत्रकार रामबाबू मेहता के माई के निधन
बारा के पत्रकार रामबाबू मेहता के माई के निधन

कलैया २२ माघ
नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के निवर्तमान उपाध्यक्ष आ प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रीय सदस्य रामबाबू मेहता के ममतामयी माई के ७२ बरिस के उमिर में बिहीबार बिहान करीब साढ़े ९ बजे आपन निवास पर निधन हो गइल।
लमहर समय से इलाज चलत रहल आ इलाजे के दौरान उहाँ अंतिम सास लिहली। बेटा मुकेश मेहता के अनुसार परिवार गहिर दुख में बा। नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा शोक विज्ञप्ति जारी करके गहिर समवेदना व्यक्त कइले बा।
निधन के खबर से परिवार, आफन्त आ शुभेच्छुक सभ शोक में डूबल बाड़े। पत्रकारिता आ समाजिक क्षेत्र के कई गो व्यक्तित्व दिवंगत आत्मा के श्रद्धांजलि देत परिवार प्रति समवेदना व्यक्त करत बाड़े। दिवंगत आत्मा के चिरशांति आ परिवार के ई दुख सह सके के शक्ति मिले, एह कामना कइल जा रहल बा।






