मधेश के हक खातिर जसपा नेपालके जित जरूरी : पुर्व मुख्यमन्त्री जितेन्द्र सोनल

मधेश के हक खातिर जसपा नेपालके जित जरूरी : पुर्व मुख्यमन्त्री जितेन्द्र सोनल

वीरगंज, २४ माघ:

बारा क्षेत्र नंबर ४ के फेटा गाउँपालिका में जसपा नेपाल के उम्मीदवार सन्जु साह के चुनावी सम्पर्क कार्यालय के स्थापना कइल गइल बा। शनिचर के फेटा गाउँपालिका वार्ड नंबर ३, फेटा बजार में बनल एह कार्यालय के उद्घाटन मधेस प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ जसपा नेता जितेन्द्र सोनल कइलन।

कार्यक्रम में सम्बोधन करत सोनल कहलन कि अबतक मिलल मधेसी अधिकार के रक्षा करे आ बाकी बचल मधेस के मुद्दा के समाधान खातिर जसपा नेपाल के जित बहुत जरूरी बा। ऊ दाबी कइलन कि एह देश में मधेसी के पहिचान आ सम्मान दिलावे में जसपा नेपाल के सबसे बड़ा योगदान रहल बा।

सोनल आगे कहलन, “मधेस आंदोलन से पहिले काठमांडू के शासक लोग मधेसी समाज के हमेशा हेला आ भेदभाव करत रहल। एह अन्याय के खिलाफ सबसे पहिले आवाज उठावे वाली पार्टी उपेन्द्र यादव के नेतृत्व वाली पार्टी रहल। आज जे किछु मधेसी लोग के पहिचान आ सम्मान मिलल बा, ओकर श्रेय ओही पार्टी के जाता।”

पूर्व मुख्यमंत्री सोनल मधेस के बाकी मुद्दा उठावे, संविधान संशोधन से समाधान निकाले आ संघीयता के मजबूत बनावे खातिर मधेसी जनता से जसपा नेपाल के जितावे के अपील कइलन।

फेटा–३ के पूर्व वडाध्यक्ष उपेन्द्र साह के अध्यक्षता आ पूर्व मुख्यमंत्री सोनल के प्रमुख आतिथ्य में सम्पन्न एह कार्यक्रम में बारा–४ के जसपा नेपाल उम्मीदवार सन्जु साह, क्षेत्रीय नेता सीताराम गुप्ता, मदन साह, झगरु साह, मनोज साह कलवार, अनिल साह समेत कई नेता-कार्यकर्ता के उपस्थिति रहल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।