ओली आ रिमा यादव के काठमांडू में शिष्टाचार भेंट, चुनावी रणनीति पर भइल चर्चा

ओली आ रिमा यादव के काठमांडू में शिष्टाचार भेंट, चुनावी रणनीति पर भइल चर्चा

काठमांडू ६ फागुन

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एमाले) के अध्यक्ष आ पूर्व प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली आ पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ के उम्मेदवार रिमा कुमारी यादव के बीच बिहीवार राजधानी काठमाण्डौ में शिष्टाचार भेंटवार्ता सम्पन्न भइल।

फागुन २१ गते होखे वाला प्रतिनिधि सभा चुनाव से पहिले आयोजित चुनावी घोषणा सभा कार्यक्रम के अवसर पर भइल एह मुलाकात में अध्यक्ष ओली, रिमा यादव के चुनावी अभियान के प्रगति, क्षेत्रीय रणनीति आ मतदाता से सीधा संवाद के बारे में जानकारी लिहलन। ऊ सुझाव दिहलन कि पार्टी के केंद्रीय ढांचा आ एकीकृत रणनीति अनुसार अभियान के अउरी प्रभावी बनावल जाय।

भेंट के बाद रिमा यादव कहलिन—

“अध्यक्ष ओली से भेंट हमरा अभियान में नया ऊर्जा भर देले बा। पार्टी के केंद्रीय नेतृत्व के समर्थन से पर्सा–२ के जनता तक हमनी के संदेश अउरी साफ आ प्रभावी तरीका से पहुंची। हम विकास, सेवा आ रोजगारमूलक मुद्दा के प्राथमिकता देत मतदाता से सीधा संवाद जारी रखब।”

कार्यक्रम में मधेश प्रदेश उपाध्यक्ष आ समानुपातिक उम्मीदवार बिचारी यादव समेत अन्य नेता लोग के भी सहभागिता रहल। नेता लोग रिमा यादव के पूरा समर्थन देवे आ पर्सा–२ में एमाले के जनसमर्थन मजबूत करे के प्रतिबद्धता जतवले।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।