वीरगंज के बारवा आ बिन्दवासानी में रीमा यादव के घरदैलो, एमाले के पक्ष में बढ़ल जनसमर्थन
वीरगंज के बारवा आ बिन्दवासानी में रीमा यादव के घरदैलो, एमाले के पक्ष में बढ़ल

वीरगंज १३ फागुन
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (एमाले) पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार रीमा यादव वीरगञ्ज महानगरपालिका–१९ के बरवा आ बिन्दवासानी टोल में आपन घरदैलो अभियान सफलतापूर्वक सम्पन्न कइली।
घर–घर पहुंच के यादव स्थानीय मतदाता लोग से सीधा संवाद कइली आ क्षेत्र के विकास, आधारभूत सुविधा, महिला सशक्तिकरण आ युवा रोज़गार जइसन मुद्दा पर आपन प्रतिबद्धता बतइली। ऊ कहली कि बरवा आ बिन्दवासानी के समुचित विकास खातिर योजनाबद्ध काम जरूरी बा।
मतदाता लोग से एमाले के चुनाव चिन्ह पर मतदान करे के अपील करत रीमा यादव कहली, “रउआ सभे के साथ आ विश्वास से पर्सा–२ के विकास के नया गति देहल जाई।”
घरदैलो कार्यक्रम में स्थानीय अगुवा, महिला आ युवा लोग के उल्लेखनीय सहभागिता रहल। अभियान के दौरान इलाका में चुनावी माहौल गरमा गइल देखल






