बिनवलिया में सामुदायिक धर्मशाला के उद्घाटन, सोनल कहलन– विकास आ समाजिक एकता से मजबूत होई मधेश

बिनवलिया में सामुदायिक धर्मशाला के उद्घाटन, सोनल कहलन– विकास आ समाजिक एकता से मजबूत होई मधेश

बारा १ सावन

बारा जिला के फेटा गाउँपालिका–२, बिनवलिया में नवनिर्मित सामुदायिक धर्मशाला के उद्घाटन मधेश प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ जसपा नेपाल के वरिष्ठ नेता जितेन्द्र सोनल द्वारा कइल गइल।

उद्घाटन समारोह के सम्बोधित करत सोनल कहलन कि समाज के विकास खाली सड़क आ भवन से ना, बल्कि आपसी एकता, सामाजिक सद्भाव आ जनसहभागिता से होखेला।

उहाँ कहलन कि सामुदायिक धर्मशाला गाँव के धार्मिक, सामाजिक आ सांस्कृतिक गतिविधियन के केन्द्र बने के साथे युवा पीढ़ी के एकजुट करे में भी महत्वपूर्ण भूमिका निभाई।

कार्यक्रम में जसपा नेता रामएकबाल साह (झगरु), लोहा यादव, वडा अध्यक्ष नरेश पटेल, जयकिशुन मुखिया बिन, रामप्रवेश मुखिया, ताराचन्द कुशवाहा, बाबूलाल कुशवाहा, रामसुन्दर ठाकुर सहित स्थानीय जनप्रतिनिधि, समाजसेवी आ बुद्धिजीवी सभे के उपस्थिति रहल।

वक्तासभे सामुदायिक विकास, शिक्षा, सामाजिक सद्भाव आ क्षेत्र के समग्र विकास खातिर मिलजुल के आगे बढ़े पर जोर देलन। स्थानीयवासी सभे नवनिर्मित धर्मशाला से धार्मिक, सामाजिक आ सार्वजनिक कार्यक्रम सभ के आयोजन में सहजता आवे के विश्वास जतवलन।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।