बीरगंज में भोजपुरी कला, साहित्य आ संस्कृति के बढ़ावा देवे खातिर साहित्य महोत्सव के आयोजन
बीरगंज में भोजपुरी कला, साहित्य आ संस्कृति के बढ़ावा देवे खातिर साहित्य महोत्सव के आयोजन

बीरगंज १७ पर्सा
भोजपुरी भाषा, कला, साहित्य, संस्कृति आ परम्परा के संरक्षण आ प्रचार-प्रसार करे के उद्देश्य से बीरेगंज में ‘बीरगंज साहित्य महोत्सव’ के आयोजन होखे जा रहल बा।
बीरगंज साहित्य महोत्सव आयोजक समिति के आयोजन में आगामी २०८३ साल कार्तिक १८ गते बीरेगंज के गहवामाई मंदिर परिसर में ई महोत्सव आयोजित होई।
महोत्सव के दौरान भोजपुरी भाषा में चित्रकला, कविता, गीत, नृत्य आ भाषण प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाई। एह प्रतियोगिता के माध्यम से विद्यालय के विद्यार्थी आ नवही लोग के प्रतिभा के उजागर करे के साथे-साथे नई पीढ़ी के आपन मातृभाषा, संस्कृति आ परंपरा से जोड़े के प्रयास कइल जाई।
भोजपुरी भाषा तराई-मधेश के एगो महत्वपूर्ण सांस्कृतिक पहचान ह। एह भाषा के साहित्य, संगीत, कला आ लोकपरंपरा के संरक्षण आ विकास खातिर महोत्सव के आयोजन कइल जा रहल बा।
आयोजक समिति के विश्वास बा कि एह कार्यक्रम से स्थानीय कलाकार, साहित्यकार, विद्यार्थी आ भोजपुरी भाषा प्रेमी लोग के आपन प्रतिभा देखावे के अवसर मिली।
एह महोत्सव के आयोजन में नेशनल इन्फोटेक कॉलेज, वीरगंज महानगरपालिका, पटेर्वा सुगौली गाउँपालिका समेत अन्य संस्थन के सहयोग रहल बा।
आयोजक समिति भोजपुरी भाषा, कला, साहित्य आ संस्कृति से जुड़ल सभे लोग से महोत्सव में बढ़-चढ़ के भाग लेवे आ कार्यक्रम के सफल बनावे के अपील कइले बा।






