संदिग्ध बांग्लादेशी नागरिक के पहचान आ गतिविधि के लेके चिंता, वार्ड कार्यालय में सौंपल गइल ज्ञापन-पत्र
संदिग्ध बांग्लादेशी नागरिक के पहचान आ गतिविधि के लेके चिंता, वार्ड कार्यालय में सौंपल गइल ज्ञापन-पत्र

वीरगंज ४ अगहन
वीरगंज महानगरपालिका–१७, अलौं में संदिग्ध बांग्लादेशी नागरिक के मौजूदगी आ गतिविधि के लेके चिंता जतावत स्थानीय लोग वार्ड कार्यालय में ज्ञापन-पत्र बुझइले बाड़ें।
आज मिति २०८३ अगहन ४ गते, शुक्रवार के बिहान १० बजे संजय गुप्ता के नेतृत्व में स्थानीय लोग वार्ड कार्यालय पहुँच के कार्यवाहक वार्ड अध्यक्ष शेख नेशार अहमद के ज्ञापन-पत्र बुझवले।
ज्ञापन-पत्र सौंपे के दौरान स्थानीय हरिन्दर यादव, हरेन्द्र यादव, सन्तोष साह, राजेश गुप्ता, प्रमोद गुप्ता, भोला साह, मनु पटेल लगायत के लोग मौजूद रहलें।
एह विषय पर आगे के चर्चा आ आपन विचार रखे खातिर आगामी अगहन ६ गते, रविवार के बिहान ८ बजे वार्ड कार्यालय परिसर में अलौं के समस्त हिन्दू समाज के सदस्य लोग के उपस्थित होखे के अनुरोध कइल गइल बा।
स्थानीय स्तर पर उठल विषय पर आपसी विचार-विमर्श करके जरूरी पहल करे के उद्देश्य से ई सभा बोलावल गइल बा।






