कोरोना महामारी नियन्त्रण करे खातिर प्रदेश २ के मन्त्री के जिल्लागत जिम्मेवारी

जनकपुरधाम २० वैशाख
प्रदेश २ सरकार कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर समन्वय करेके उद्देश्य से जिल्लागत रुप मे मन्त्रीलोग के जिम्मेवारी देहले बा ।
सोमार के दिने बईठल प्रदेश मन्त्रिपरिषद् के बईठक से कोरोना महामारी से लडे खातिर प्रदेश सरकार के मन्त्री के जिल्ला–जिल्ला के जिम्मेवारी देत फोकल पर्सन तोकले बा ।
जउना मुताविक भूमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्री शैलेन्द्र साह के सप्तरी, आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री विजयकुमार यादव के सिरहा, आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव के धनुषा आ महोत्तरी, उद्योग पर्यटन तथा वन मन्त्री रामनरेश राय के सर्लाही आ रौतहट तथा भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल के बारा आ पर्सा के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
जिम्मेवारी तोकल गईल मन्त्रीलोग सम्बन्धित जिल्ला आ प्रदेश सरकार बीच कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर समन्वय के रुप मे काम करेके मुख्यमन्त्री तथा मन्त्री परिषद् के कार्यालय जनवले बा ।
तत्काल ४१७ दरबन्दी थप कईल जाई
मन्त्रिपरिषद् के बईठक से प्रदेश के अनेकन अस्पताल मे दरबन्दी थप करेके निर्णय कईले बा । कोरोना महामारी से लडे खातिर प्रदेशभर के अनेकन अस्पताल तथा प्रयोगशाला के खातिर ४ सय १७ अस्थायी दरबन्दी थप करेके निर्णय सरकार कईले बा ।
प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनकपुरधाम के खातिर ३३, प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के खातिर १७४, सिरहा, जलेश्वर, मलंगवा, गौर आ कलैया अस्पताल के खातिर ३२÷३२, लहान अस्पताल के खातिर २३ आ भारदह तथा पोखरिया अस्पताल के खातिर १५÷१५ दरबन्दी थप करेके निर्णय कईले बा ।
थप कईल दरबन्दी मे एनेस्थेसियोलोजिष्ट से लेके स्विपर तक के पद रहल बा । थप कईल दरबन्दीसब मे अस्पताल जरुरत के आधार मे तुरुन्त नियुक्त करे सकेके व्यवस्था कईल बा ।
एहितरे, मन्त्रिपरिषद् के बइठक से एकरा से पहिले पीसीसीएमसी के बईठक से कईल निर्णयसब के अनुमोदन कईले बा ।





