निजगढ विमानस्थल के मुआब्जा बाँटल गईल

वीरगंज ०६ पुस

बारा मे निर्माण होखे लागल अन्तरराष्ट्रिय विमानस्थल क्षेत्र मे पडल जमिन मेसे अभी तक १४४ जग्गा धनी के रु ४४ करोड मुआब्जा बाँटल गईल बा । निजगढ विमानस्थल निर्माण क्षेत्र मे रहल ११० बिगहा तीन कट्ठा जमिन मेसे अभी तक नेपाल उड्डयन प्राधिकरण रु ४४ करोड मुआब्जा देके अभी तक ६५ बिगहा तीन कट्ठा १२ धुर जमिन आपन नाँम मे फिर्ता लेहले बा ।

देश मे कोरोना सङ्क्रमण के चलते नापी तथा मालपोत कार्यालय लम्हर समय से बन्द रहला से मुआब्जा वितरण प्रभावित भईला पर भी अभी उ मुआब्जा वितरण हो रहल दुसरका विमानस्थल आयोजना कार्यालय सिमरा जनवले बा ।

मुआब्जा लेवेके बाँकी रहल जमिनधनी सँगे निवेदन लेवेके काम हो रहल विमानस्थल आयोजना के निमित्त प्रमुख विजय यादव बतवनी ।

मुआब्जा वितरण कार्यअन्तर्गत मुख्य सडक से जुडल जमिन के प्रतिकट्ठा चार लाख ६० हजार, भितरी सडक से जुडल जमिन के प्रतिकट्ठा दु लाख ४९ हजार २५० आ ारस्ता ना भईल जमिन के प्रतिकट्ठा दु लाख चार हजार १५० रोपेया के दर से जमिन धनी के मुआब्जा देवेके बतावल गईल बा ।

तटबन्ध, मुआब्जा, नदी नियन्त्रण काम, विमानस्थल क्षेत्र मे जमिन के तारबार पसहा तथा दशैया खोला मे तटबन्ध लगायत के काम मे अभी तक ८० करोड रोपेया खर्च भइल बा ।

पाँच बरीस भितर निर्माण काम पुरा करेके लक्ष्य लेहल उ आयोजना अभी तक पूर्व तईयारी के काम मात्र करे सकला पर भी मुख्य काम शुरु करे ना सकल बतावल गईल बा ।

सङ्घीय सरकार के प्राथमिकता मे रहल उ आयोजना के धावनमार्ग निर्माण होखेवाला मध्य भाग मे टाँगिया बस्ती रहला से उ बस्ती के दोसर जगहा मे हस्तान्तरण के खातिर सरकार वैकल्पिक जगहा के पहिचान आ अध्ययन कर रहल बा ।

एहितरे उ विमानस्थल निर्माण के समय मे एक हजार ९०० हेक्टर क्षेत्रफल के १२ गो कार्य क्षेत्र मे विभाजन करके वन क्षेत्र भितर रहल गाछि आ विद्युतीय खम्बा के गणना शुरु कईले बा ।

पहिलका चरण मे डिभिजन वन कार्यालय बारा २०० हेक्टर क्षेत्रफल मे रहल ५७ हजार ३५० गो खम्बा आ गाछि काटेके बतावल गईल बा । वन क्षेत्र भितर ६० प्रतिशत विद्युतीय खम्बा आ ४० प्रतिशत गाछि काटेके काम चुनौतीपूर्ण रहल बा । उ सम्बन्धी काम तेजी मे हो रहल विमानस्थल आयोजना कार्यालय सिमरा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button