पर्सा के ग्रामिण समुदाय के किसानलोग लकडाउन मे भी खेतबारी के काम मे मस्त

मेघराज राय
जीराभवानी ०८ जेठ
नेपाल कृषि प्रधान देश भईला से आजकल कृषि काम के सिजन भईला से किसानलोग के हरेक दिन खेतबारी मे सहजे देखल जा रहल बा ।
कहुँ मकई तुरेमे त कहुँ धान के बीया गिरावेमे त कहुँ तरकारी खेती मे सोहनी के काम धमाधम चल रहल बा ।
समय समय मे पडोवाला बेमौसमी झरि से मकई आ सिजनल तरकारी निकाले लागल किसान के असर पुगल बा ।
“लकडाउन कहके चुपचाप रहला पर खेती परते रही, ओकरा बाद भुखे मरेके पडि ।
खेत मे मकई आ धान के बिया गिरावत भेटईलन” जीराभवानी गाँवपालिका १ के किसान रामेश्वर खवास कहनी कि, “घर मे जेकरा बा उ घर भितर रहके खा सकत बाडन, किसानलोग ई समय काम ना करी त भुखे मरेके पडि ।”
उ घर अगाडि के खेत मे गहुँ काट के मकई रोपले बाडन ।
लकडाउन से खाद्यान्न संकट होखेके चिन्ता मे रहल किसान गहुँ काट के धान के बीया गिरावे मे मस्त बाडन ।
हरेक बरीस सुखाड के समस्या मे पडेवाला इहाँ के किसान ई बरीस बेर बर बर्षात भईला के बाद मनग्य रुप मे गहुँ कटले बाडन ।
पर्सा जिल्ला के जीराभवनी गाँवपालिका ५ के किसान मुक्ति दास कहनी कि, “पोहोर साल सुखाड भईला से बहुते गहुँ ना भईल ।
ई बरीस बेर बेर पानी परला के चलते खेत मे बढिया गहुँ फरल रहे ।
लडाउन कहके घर मे रहला पर खेत मे लगावेवाला बालीसब बेकार जाई ।”
गाँव मे पिछिलका समय रोजगारी के खातिर भारत जाके अईला के बाद कोरोना गाँव आई कि कहके डर भी बा ।
जिल्ला के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका २ बेलवा के अगुवा किसान राजेश मन्डल कहनी कि डरा डरा के खेत मे तरकारी रोपेके आ उत्पादन भईल तरकारी बिक्री करे जाएके बाध्यता बा, काम ना कईला से भी ना होखी ।
उनका मुताविक अभी खेत मे उत्पादन कईल तरकारी बजार लेजाएके, तरकारी खेत मे सोहनी करेके आ नयाँ बिया गिरावेके काम हो रहल बा ।
हरेक दिन जईसन आवेवाला झरी से किसान के काम मे अवरोध भईल बा ।
पानी पर रहल समय भी तरकारी खेत मे काम करत आईल उनकर कहनाम बा ।
गाँव मे सहर से आवेवाला लोग बेमारी लिआई कि कहके चिन्ता बा ।
अनेकन किसिम के हल्ला आ समाचार सुनला पर भी मन मे अनेकन बात उठ रहल बा ।
जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका ५ के अगुवा किसान बिमल प्रधान कहनी कि, गाँव मे हमनी किसान कोरोना के डर मे लकडाउन ना मान के खेत मे काम कर रहल बानी ।
माकिर हमनी आपन खेत मे दोसरा के आवे ना देवेनी आ दोसर के खेत मे हमनी ना जानी ।
जिल्ला कृषि विकास कार्यालय के मुताविक ई बरीस जिल्ला मे गहुँबाली उत्पादन मे वृद्धि भईल अनुमान कईल जनवले बा ।
पिछिलका समय लकडाउन के चलते भारत से आवेवाला तरकारी रुकला पर भी पर्सा जिल्ला के स्थानीय किसान के उत्पादन से बजार मे प्रयाप्त मात्रा मे तरकारी पुग रहल जीराभवानी गाँवपालिका के कृषि बिज्ञ के कहनाम बा ।
बजार मे तरकारी बहुते बा । किसानलोग लकडाउन मे भी निरन्तर कृषि काम मे व्यस्त रहला से जिल्लाभर कृषि व्यवसायी के कमी ना होखेके बतवनी ।






