पर्सा मे निषेधाज्ञा उल्लंघन कईल आरोप मे पाँच जने पकडईलें

वीरगंज ३१ बैशाख

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर पर्सा मे निषेधाज्ञा लगावल गईल बा ।

वैशाख १६ गते से लगावल गईल निषेधाज्ञा जेठ ६ गते तक के खातिर कायम बा । निषेधाज्ञा मे जरुरी काम के खातिर सुरक्षा सतर्कता के उपाय अपनाके बाहर निकले देहल गईल बा ।

माकिर इहे छुट के कैयनलोग दुरुपयोग भी कईले बाडन । पुलीस निषेधाज्ञा के अवज्ञा कईल आरोप मे पाँच जने के नियन्त्रण मे लेके कारबाही सुरु कईले बा । वीरगंज–१० रहेवाला २६ बरीस के साहेब शेख, पोखरिया नगरपालिका–३ रहेवाला १९ बरीस के हनिफ हुसेन, बिन्दबासिनी गाँवपालिका–४ रहेवाला ३० बरीस के भोला प्रसाद साह, वीरगंज–१३ रहेवाला ३० बरीस के मोहम्मद असरफ राइन आ भारत बिहार जिल्ला बेतिया बैरिया–३ रहेवाला मुन्ना साह पकडाईल बाडन ।

उलोग विरुद्ध सार्वजनिक हित, स्वास्थ्य सुरक्षा, सुविधा आ नैतिकता विरुद्ध के कसुर, संक्रामक रोग ऐन, २०२० बमोजिम के कसुर विरुद्ध कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।

निषेधाज्ञा कार्यान्वयन करे करावेके समय मे निषेधाज्ञा उल्लंघन करके खोलल दोकान बन्द करावेके आ अनावश्यक घुमफिर तथा आवतजावत मे रोक लगावेके काम पुलीस कर रहल बा ।

उ समय मे खटल पिकेट, मोबाइल तथा मोटरसाइकल के गस्ती टोली उपर अभद्र व्यवहार करके पुलीस काम कारबाही मे अवरोध पुगईला से उलोग के पकड के कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।