पर्सा मे स्वास्थ्यकर्मी सहित आउर ४१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १६ सावन

पर्सा मे स्वास्थ्यकर्मी आ अस्पताल के सफाइकर्मी सहित आउर ४१ जने मे कारोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे बियफे के रात पर्सा के आउर ४१ जने मे कारोना संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक, बियफे के रात संक्रमण पुष्टि भईल पर्सा के ४१ जने मेसे नारायणी अस्पताल के २ जने चिकित्सक, २ जने स्टाफ नर्स आ १ जने सफाइकर्मी तथा नेशनल मेडिकल कलेज के १ जने चिकित्सक बाडन ।

पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका २ जने, पोखरीया नगरपालिका के १ जने आ बहुदरमाइ नगरपालिका १ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।

बाँकी आउर सभी कन्टयाक्ट ट्रेसिङ मे पडल आ स्वचेच्छा से पईसा तिर के पीसीआर परीक्षण करावल वीरगंज के उद्योगी, व्यपारी आ सर्वसाधरण नागरिक रहल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।

बियफे के रात ४१ जने संक्रमित थपईला सँगे पर्सा मे कुल संक्रमित के संख्या ३ सय ९७ पुगल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

एकरा से पहिले बुध के दिने भी पर्सा मे एके दिन ८४ जने मे संक्रमण मिलल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।