प्रथम युग २०–२० नक आउट क्रिकेट प्रतियोगिता पुरा

वीरगंज २३ कातिक
नक आउट क्रिकेट प्रतियोगिता अन्तर्गत आजु भईल फाइनल खेल मे झगड माई क्रिकेट टिम दरदरवा १२ रन से बहुअरवा ए क्रिकेट टीम के पराजित कईले बा ।
पर्सागढी स्थित ४ श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय बरवा छोटैली के खेल मैदान मे टस जित के ब्याटिङ कईल श्री झंगड माई क्रिकेट टिम दरदरवा १० बिकेट के नोक्सानी मे १०६ रन बनवले रहे ।
प्रतिउत्तर मे बहुअरवा ए क्रिकेट टिम ८ बिकेट के नोक्सानी मे ९४ रन मे सिमीत भईल रहिे ।
खेल मे म्यान अफ दि म्याच झंगड माई क्रिकेट टिम के अलीराज असारी भईल रहलन आ उ ४ ओभर मे १८ रन देहले रहलन आ चार ओभर मे चार बिकेट लेहले रहलन तथा १४ रन भी उनकर नाम मे रहल बा ।
मैन अपद शिरीज सन्तोष कार्की, आजु के फाईनल खेल मे प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य राजेशवर साह तेली खेल से खाली मनोरञ्जन मात्र ना मानसिक बौद्धिक बृद्धि भईला के साथे शारीरिक बिकास होखेला कहके बतवनी ।
ओहिसे खेल भी हमनी के खातिर जरुरी रहल प्रमुख अतिथि साह के कहनाम रहल रहे ।
कार्जक्रम के बिशिष्ट अतिथि नगर प्रमुख लोकनारायण यादव खेल से हि अनुशासन आ अगाडि बढेके मौका रहल कहके बतवनी ।
प्रथम तथा द्वितीय होखेवाला टिम के नगद दश हजार सिल मेडल, प्रमाण पत्र आ नगद पाँच हजार सिल, मेडल प्रमाण पत्र सहित प्रमुख अतिथि बिशिष्ट अतिथि समान कईले रहनी ।
वार्ड अध्यक्ष समसुदिनसाह देवान, जनता समाजवादी पार्टी नगर संयोजक शेख खुरसेद, नेकपा नगर संयोजक गोकर्ण पाठक, नेका जिल्ला सदस्य सुकमान तामाङ्ग, नेका नेता जङ्गबहादुर दास थारु लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
युग क्लब के अध्यक्ष आलोक सिह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन माहाननद पाठक कईले रहनी ।






