प्रदेश २ सरकार किसान के ४ महिना के ब्याज तिर के राहत दि : मन्त्री साह

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २३ असाढ,
लकडाउन से प्रभावित प्रदेश २ के किसान के प्रदेश सरकार राहत देहल सुरु कईले बा । प्रदेश सरकार, बैंक तथा वित्तीय संस्था से किसान से लेहल कृषि कर्जा के ब्याज तिर के प्रदेश सरकार से राहत देहले बा । चईत से असार तक ४ महिना के ब्याज प्रदेश सरकार खुदे आजु से बैंक तथा वित्तीय संस्था के भुक्तानी देवे लागल बा । भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय बितल चईत मे बैक, वित्तीय संस्था तथा सहकारी से किसान से लेहल कृषि कर्जा के ब्याज मे अनुदान देवेके घोषण कईले रहे । एकरा खातिर प्रदेश सरकार से चालु आर्थिक बरीस के बजेट मे ३६ करोड रोपेया विनियोजन कईले बा । चईत मे कईल घोषण मुताविक हि मन्त्रालय किसान से लेहल कृषि कर्जा के चार महिना के ब्याज भुक्तानी करे लागल बा ।
आजु प्रदेश के भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्री शैलेन्द्र साह पर्सा के किसान से लेहल कर्जा के ब्याज सम्बन्धित बैंक तथा वित्तीय संस्था के चेक हस्तान्तरण करत राहत देवेके काम सुरु कईले बाडन । वीरगंज स्थित जिल्ला समन्वय समिति के सभाकक्ष मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे मन्त्री साह पर्सा के ४ हजार ६ सय ६५ किसान के कृषि कर्जा के ब्याज भुक्तानी देहले बाडन । कृषि कर्जा के ब्याज अनुदान लेवे खातिर पर्सा जिल्ला मे ५ हजार ३ सय ६१ किसान के निवेदन पडल रहे । राहत तथा अनुदान प्रवाह निर्देशिका २०७६ मुताविक उ मेसे ५ लाख से कम के कृषि कर्जा लेहल ४ हजार ६ सय ६५ किसान, लभाग्राही के छनौट मे पडल बा ।
पर्सा मे २३ विकास बैंक, २५ लघुवित्त संस्था आ २२ सहकारी संस्था करके कुल ७० संस्था से ब्याज तिरल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के प्रमुख डाक्टर रामचन्द्र यादव बतवनी । पर्सा के ५ लाख से कम के कृषि कर्जा लेहल ४ हजार ६ सय ६५ किसान के २ करोड ९६ लाख ४५ हजार ५ सय रोपेया ब्याज राहत के रुप मे प्रदेश सरकार से तिरल यादव बतवनी ।
प्रदेश कृषि मन्त्रालय के सचिव विमल निर्मल के मुताविक प्रदेश २ मे लकडाउन से प्रभावित बहुते किसान रहला पर भी पहिलका चरण मे ८० हजार किसान के मात्र ब्याज अनुदान कार्जक्रम मे समेटल बा । “लकडाउन से प्रभावित किसान के राहत देवेके उद्देश्य से लियावल ब्याज अनुदान कार्जक्रम आजु पर्सा से सुरु कईल बा”, सचिव निर्मल कहनी कि, “प्रदेश के ८ गो जिल्ला के किसान के कृषि कर्जा अनुदान कार्जक्रम अन्तर्गत ब्याज के भुक्तानी प्रदेश सरकार करी ।” कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रदेश के कृषिमन्त्री साह कोरोना के संक्रमण से सब से बेसी प्रभावित प्रदेश २ रहल आ लकडाउन से इहाँ के कृषि क्षेत्र भी प्रभावित भईल बतवनी ।
ई अवस्था मे प्रभावित किसान के राहत देहल जा सकता कि कहके प्रदेश सरकार ई प्रयास कईले बा”, कहत उ, “पहिलका चरण के कृषि कर्जा अनुदान मे ना समेटल किसान के ब्याज मे भी अनुदान तिरेके निर्णय भइल बा । उ भी जलदी प्रदेश सरकार से भुक्तानी दि । आवेवाला बरीस के बजेट मे भी ई विषय समेटला से भुक्तानी मे समस्या ना होखी ।” अभी कृषि कर्जा मे मात्र राहत देहल कहत उ अब एकरा बाद लकडाउन के चलते बालीनाली मे पडल नोक्सानी के भी राहत देवेके योजना प्रदेश सरकार के रहल बतवनी । लकडाउन के समय मे दुग्ध उत्पादक पशुपालक किसान के भईल नोक्सानी के मध्यनजर करके प्रति लिटर १० रोपेया के दर से अनुदान देवेके, कुखुरा पालक किसान के प्रति कुखुरा १ सय रोपेया देवेके, पशु के दाना आ ढुवानी मे भी अनुदान देवेके योजना आवेवाला आर्थिक बरीस के बजेट मे समेटल जानकारी उ देहनी ।
कोरोना के महमारी के बाद प्रदेश २ मे देश विदेश से करिब १० लाख युवा गाँव फिर्ता भईला से उलोग के गाँवघर मे कृषि क्षेत्र मे रोजगारी देवेके विषय मे प्रदेश सरकार से गृहकार्य कर रहल मन्त्री साह उल्लेख कइनी । जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख नेक महम्मद अन्सारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के प्रमुख डाक्टर रामचन्द्र यादव, जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य विरेन्द्र यादव, जिल्ला अध्यक्ष रामनरेशप्रसाद यादव, जिल्ला सचिव तबरेज अहमद, संघीय परिषद सदस्य शीवजी सोनी, नेतालोग सलाउद्धीन अहमद, फिरोज मन्सुर, जिल्ला कृषि सहकारी संघ के अध्यक्ष शीवकुमार साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।




