बारा के कलैया मे सरसफाइ अभियान एवं घर टहरा हटावल सुरु

बारा १३ माघ,
तराई–मधेस मे सबेरे बहुते कुहाँ घेर रहल बा । जउना के चलेत बारा, पर्सा लगायत तराई–मधेस के जिल्ला मे ठण्डी बढते गईल बा । सोमार के दिने सबेरे के जाडा मे बारा के सदरमुकाम कलैया मे सरसफाई अभियान सुरु भईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के सरसफाइ के खातिर सरोकारवाला सक्रिय भईल बाडन । नगर प्रमुख राजेश राय यादव, बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्रमणि पोखरेल, प्रहरी उपरीक्षक विकासराज खनाल सहित के टोली सबेरे कलैया बजार क्षेत्र मे निकललें । उलोग नगर क्षेत्र के सरसफाइ मे टोली परिचालन कईला के साथे सडक अतिक्रमण हटवले बाडन । ओकरा खातिर नगर क्षेत्र मे ४ गो टोली परिचालन कईल गईल रहे ।
वार्ड नम्बर १, ४, ५ आ ६ अन्तर्गत पडेवाला बजार क्षेत्र मे सडक क्षेत्र अतिक्रमण करके बनावल गईल टहरा, राखल गईल निर्माण सामान हटावल गईल कलैया उपमहानगरपालिका के कार्यालय जनवले बा । बाँस से बनावल गईल टहरा पुलीस टोली भसकवले बा आ पक्की टहरा हटावे के अल्टिमेटम देहल गईल बा ।
सर्वसाधरण के आवत जावत मे सहज बनावेके, कलैया के सुन्दर नगर के परिचय देवे खातिर नगर सरसफाइ अभियान सुरु कईल नगर प्रमुख राजेश राय यादव जानकारी देहनी ।
“सडक क्षेत्र अतिक्रमण करके व्यापारीलोग दोकान राखेके, निर्माण सामान राखेके, नास्ता दोकान रखले रहलन,” कहत नगर प्रमुख यादव, “पुलीस प्रशासन के सहजोग मे ओकरा के हटावे खातिर अभियान सुरु कईल गईल बा ।” कलैया के सरसफाइयुक्त सहर बनावे खातिर प्लाष्टिक झोला निषेध के खातिर भी गृहकार्य हो रहल उ बतवनी ।
फेनु अतिक्रमण होखे ना देवे खातिर आउर निकाय से समन्वय करके निरन्तर अनुगमन करेके तइयारी नगरपालिका कईले बा । टोली नगर क्षेत्र मे जथाभावी बिगल फुहर संकलन कईला के साथे आवेवाला दिन मे जथाभावी फुहर ना बिगे खातिर भी चेतावनी देहल गईल बा ।
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पोखरेल भी कलैया मे सरसफाइ अभियान के निरन्तर सञ्चालन करेके देखल गईल बतवनी ।






