झुट आरोप लगावेवाला के कार्वाही ना होई तब तक कार्यालय बन्द रही

प्रभु यादव

बारा २५ कुवार

राजनीति के कारण काम करेवाला के कार्यलय मे काम करेके वातावरण ना भईल कहत गाँवपालिका अध्यक्ष के कर्मचारी लोग ज्ञापन पत्र बुझवले बाढन ।

पालिका के अवस्था के सम्बन्ध मे अवगत करावत सवर्ण गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नवीन कुमार श्रीवास्तव चार सुत्रिय माग सहित पालिका अध्यक्ष महेन्द्र यादव के ज्ञापन बुझावले बानी ।
ज्ञापन पत्र मे सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ के जनमत पार्टी के बारा संयोजक विनोद यादव सुचना के हक के बहाना मे कर्मचारी के धमकी, डर त्रास, गाली गलौज कर के सतावेवाला काम करहल जवना से पिडित होके चार सुत्रिय माग सहित २७ गते से सब काम बन्द करे के जानकारी अधिकृत करवले बानी ।

पालिका के कार्यालय मे दु पेज लम्बा पत्र सहित के पत्रकार समेल्लन कर के कार्यालय के काम काज बन्द करे के जनकारी करावले बानी ।

विनोद यादव मिति २०७६÷१०÷२६ गते सुचना माग करत कार्यालय मे दर्ता रहल निवेदन के मुताविक मिति २०७६÷११÷११ गते सुचना के हक सम्बन्धि नियम के अनुसार रू १० हजार पालिका के खाता मे बुझा के लेवे खातिर पत्र पेठावल गईल रहे ।

यक्तिगत पत्र के लेके समाजिक सञ्जाल मे, एफएम रेडियो मे प्रशासकिय अधिकृत, गाँवपालिका अध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्ष के चरित्र हत्या करेवाला आ डर, त्रास देके मानसिक तनाव करावे के काम मात्र करहल श्रीवास्तव जनकारी करावले रहनी ।

कुआर २५ गते सुचना के हक माग करत फिर से निवेदन लेके आईल यादव के आपने के मुद्दा बा रानितिक गाँवपालिका अध्यक्ष से तोक आदेश कराव कहला के वाद बाहर जाके सेवाग्राही से झगडा कर के जनप्रतिनिधि आ कर्मचारी सब के गाली गलौज करहल सुनल गईल अधिकृत जनकारी करावले बानी ।

आपना सब के कवनो किसिम के जनकारी ना भईल वादविवाद मे जोड के प्रहरी कार्यालय आ प्रशासन मे उजुरी देके झुठा आरोप लगावत चरित्र हत्या करेवाला काम भईला से एतवार के कर्मचारी सब के बईठक से चार सुत्रिय माग राख के कार्यालय के कामकाज बन्द करे के निर्णय कईल गईल पत्रकार समेल्लन मे जानकारी करावले बानी ।

कार्य स्थल मे कर्मचारी सब के शान्ति सुरक्षा कायम करे के, कर्मचारी सब के राजनीतिक घटना मे मुछे के काम बन्द करे के, कवनो भि व्यक्ति कवनो किसिम के बहाना मे कर्मचारी सब के मानमर्यादा मे खलल पुगावे के काम कईल कर्मचारी के सिकायत पर जल्दीही कारवाही करे के आ नागरीक कवनो राजनीति उद्देश्य राख के कईल गईल गाँवपालिका विवाद जनप्रतिनिधि के संयन्त्र न्यायिक समिति मे राख के समाधान करे के जनकारी देहल गईल बा ।

पत्र मे २५ गते कामकाज करे के २६ गते कार्यालय के अन्तरिक कामकाज करे के आ माग सम्बोधन ना होई तब २७ गते से सभे कामकाज बन्द करे के विज्ञाप्ति मे जनावल गईल बा ।

ज्ञापन पत्र बुझत गाँवपालिका अध्यक्ष यादव सब कर्मचारी लोग आपन आपन जगह पर काम करी शान्ति सुरक्षा के जिम्मेवारी हमर रहल कहनी ।

राजनितिक खेल खेलेला जनप्रतिनिधि लोग से भेटकरी कार्मचारी से कवनो सरोकार ना रहल यादव कहनी ।

पत्रकार समेल्लन मे वार्ड नम्बर २ के अध्यक्ष रन्जित यादव, वार्ड नम्वर ४ के अध्यक्ष दोलेन्द्र यादव, वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष लगायत करिब ४० जने कर्मचारी लोग रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।