वार्ड नं. १७ के वार्ड अध्यक्ष यादव उपर दुव्र्यवहार एवं हातपात के प्रयास, दोषी उपर कारवाही के माग

वीरगंज २१ बैशाख
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं के वार्ड अध्यक्ष सुखरानी देवी यादव हमरा सहित वार्ड सदस्यलोग उपर आपना के सर्वदलिय समिति के सदस्य कहेवालालोग दुव्र्यवहार एवं गालीगलौज कईल आरोप लगवले बानी ।
वार्ड नं. १७ मे अलगे सर्वदलिय समिति गठन करके आपन आपन मनोमानी तरिका से राहत वितण करके विवाद करेके खोजल आजु वार्ड समिति मे पत्रकार सम्मेलन करत अध्यक्ष यादव अईसन आरोप लगवले बानी ।
वार्ड समिति के ना समेट के आपन आपन मनोमानी तरिका से सर्वदलिय समिति अलौं के पानीटंकी टोल मे बाँटल राहत मे सडल चाउर मिलला के बाद स्थानिय वार्ड समिति मे आके सिकाईत कईले रहलन ।
जनता के सिकाईत सुन के राहत वितरण कईल पुलीस सहित के टोल मे पुछपाछ करे गईला पर अनावश्यक विवाद करत खुद उपर सर्वदलिय समिति के सदस्यलोग गाली गलौज करत दुव्यर्वहार कईल अध्यक्ष यादव आरोप लगवनी ।
विवाद भईला के बाद राहत बाँटेमे मिलल सडल चाउर पुलीस परिक्षण के खातिर लेगईल बाडन ।
सरकार हि एकद्धार प्रमाणली से राहत बाँटेके निति लागु कईले बा ।
माकिर इहाँ खुद के अगुवा बतावेवाला कुछ पार्टी के नेतालोग आपन राजनितिक वर्चस्व बनावे खातिर राहत बाँटेमे मनोमानी करेके खोजल उ बतवनी ।
वार्ड समिति अभी तक करिब ८ सय जने गरिब, अतिविपन्न परिवार के निश्पक्ष रुप मे राहत बाँटल जनवले बा ।
सर्वदलिय समिति मे रहल संजु क्षतकुली, कृष्णदेव यादव, कनवर मंसुरी, हरीनायाराण प्रसाद यादव, प्रदीप साह आ हरेन्द्र यादव लगायत गाली गलौज करत खुद उपर हाथपात के प्रयास भी कईला से ईलोग के पकड के जरुरी कारवाही के माग भी वार्ड समिति कार्यालय कईले बा ।
खुद आ वार्ड सदस्यलोग उपर दुव्र्यवहार एवं गालीगलौज करेवाला आदमीसब के पकड के कानुन बमोजिम कारवाही करे खातिर सोमार क दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन देवेके तइयारी भी कईल वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी ।
पत्रकार सम्मेलन मे वार्ड सदस्य ताहिर हुसैन, भागमती देवी राम, वार्ड अध्यक्ष के पति विरेन्द्र यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





