२६ वाँ जनयुद्ध दिवस के अवसर मे सरसफाई तथा शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव

बारा ०१ फागुन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर के भतौडा मे २६ वां जनयुद्ध दिवस के अवसर मे सरसफाई तथा शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

गणतन्त्र रक्षा अभियान बारा के आयोजना मे सरसफाई तथा शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा । गणतन्त्र मे जनता के हरेक तह तबका से राज्य मे शासन पद्धति मे लेया के अधिकार देवे के रहल प्रमुख अतिथि विक्रम साह जनकारी करावले रहनी ।

श्रम करेवाला लोग के राज्य से समान करत रोजगार देवे के खातिर काम करे के जनकारी करावले रहनी । कार्जक्रम के अध्यक्षता करहल रामनारायण पाल आ प्रमुख अतिथि जनयुद्ध के सहिद चुन्नु पटेल के लडका अरविन्द पटेल के दोसला ओढा के समान कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे शर्मा बैठा, श्यामसुन्दर यादव, मुकेश साह, विजय प्रसाद साह, सुरेश पटेल लगायत वार्ड सदस्य लोग शुभकामना राखत सहिद लोग के योगदान के सम्बन्ध मे चर्चा कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।