स्कूल मे चोरी कईल आरोप मे दु जने पकडईलें

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०६ माघ, पुलीस पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ गुलरिया से दु जने चोर के पकडले बा । धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ लंगडी के एक बोर्डिङ्ग स्कुल मे चोरी कईल दु जने चोर के पकडले बा ।

ब्लु हेभेन एकेडेमी बोर्डिङ्ग स्कुल लंगडी मे चोरी कईल आरोप मे उलोग पकडाईल बाडन । ईलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी के प्रहरी नायब निरिक्षक बसन्त थापा के नेतृत्व मे गईल टोली दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ गुलरिया के १८ बरीस के धनेश साह कानु आ उहे जगहा के १७ बरीस के मत्रिका साह कानु के पुलीस पकडले बा ।

चोरी मे संलग्न दोसर एक जने फरार रहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र सिंह बतवनी । उनकर भी खोजी हो रहल आ जलदी हि पकडेके प्रहरी निरिक्षक सिंह बतवनी । पुस १७ गते स्कुल मे रात के समय मे केहु ना रहल समय मे स्कुल के कार्यालय आ लेखा शाखा के ताला हेक्सा ब्लेड से काट के चोरी कईले रहलन । स्कुल के कार्यालय कोठरी मे रहल डेस्टप ३ थान, सिप्यु २ थान लगायत के सामान चोरी भईल रहे । पकडाईल लोग पोखरिया से हेक्सा ब्लेड किन के लिया के चोरी कईल पुलीस मे बयान देहले बाडन ।

चोरी के सामानसब भारत मे लेजाके बेंचेके उलोग के योजना रहल भी बतवले बाडन । इलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी दुनु जने के एतवार के दिने पकड के अभी उलोग के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी निरिक्षक सिंह बतवनी । गुलरिया स्थित स्कुल के संचालक सुदिल पटेल के घर अगाडी रात के समय मे चोरी भईल सामानसब बिगके भागल जनावल गईल बा ।

चोरी भईल सामान मेसे डेस्टप २ थान, सिप्यु एक थान, माउस २ थान, किवोर्ड एक थान आ पावर पल्क २ थान बिगल अवस्था मे आजु सबेरे मिलल प्रहरी निरिक्षक सिंह बतवनी । संचालक पटेल सबेरे उठला के बाद घर अगाडी सामान बिगल देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।