कलैया प्रादेशिक अस्पताल के सेवा सब बन्द, सरोकारवाला लोग गैरजिम्मेवार
कलैया प्रादेशिक अस्पताल के सेवा सब बन्द, सरोकारवाला लोग गैरजिम्मेवार

प्रभु यादव
बारा २६ अगहन
बारा के सदरमुकाम मे रहल कलैया प्रादेशिक अस्पताल मे सेवा बन्द भईल बा माकिर सरोकारवाला सब गैरजिम्मेवार भईल सेवाग्राहीलोग के सिकायत रहल बा ।
महागढीमाई नगरपालिका–६ के रकटु राउत नेपाल सरकार से स्वास्थ्य विमा के कईल व्यवस्था के अनुसार कलैया प्रादेशिक अस्पताल मे चेकजाँच के पईसा काटलेता माकिर मिलेवाला दवाई ना देरहल सिकायत कईले बानी । पचीस रोपेया मे होखेवाला पुर्जी के स्वास्थ्य विमा मे दु सय पचास रोपेया काट रहल बा अउरी ल्याव के जाँच सब पईसा तिर के करावला पर कमे लागेला जवन विमा मे अधिक काटल सेवा देरहल बा दवाई जवन बाहर से किन के लियावेके काम बा उह ना देहला से बहुते मार मे परहल राउत बतावले बानी ।
कलैया २० के सोना देवी इसिजी सेवा बन्द भईला से बाहर अधिक पईसा तिर के करावेला बाध्य भईल बतवले बानी । रेविज के सुई प्रदेश मे भेट रहल बा माकिर कलैया प्रादेशिक अस्पताल ना लियईला से बाहर से किन के लगावल जारहल सेवाग्री हरिओम साह सिकायत कईले बानी ।
सरकार से निःशुल्क मिलेवाला दवाई सब कलैया अस्पताल मे ना मिलला से बाहर से किने पडरहल कलैया १६ के कन्तु यादव सिकायत करत बतावले बानी । प्रसुति बच्चा जन्मावेवाला माईके सभे दवाई निःशुल्क मिलेके सरकार से नियम बनवले बा माकिर कलैया अस्पताल मे किनेके परहल यादव बतावले बानी ।
तावराण अनकुलित स्वास्थ्य कक्ष आईसुयु एक महिना से बन्द भईला से ठण्डा मे बढल दम आ कमजोर बुढपुरानीया लोग के दवाई निजि अस्पताल मे कर्जा काढ के बाध्यातमक करावे के पर रहल कलैया–२४ के सुरेश महतो जनकारी करवले बानी ।
बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास सरकार आ सरकारी कर्मचारी जनता प्रति जिम्मेवार ना भईला से संविधान मे लिखल मौलिक हक उलंघन कर के निजि अस्पताल मे कमावेवाला धन्दा बनवे बाडन कहके बतावले बानी । पईसा निकासा भईल बा समान किनले बा माकिर जनता के देवेला जिम्मेवारी विहिन भईला से स्वास्थ्य उपचार करावे मे सधारण गरिब जनता छटपटा के रहल दास सिकायत कईले बानी ।
कुर्सी के खेल के कारण आपन नजदीक के लोग के कर्मचारी भर्ना कर के स्थायी आ जिम्मेवार कर्मचारी के शाखा प्रमुख इन्चार्ज से हटा के जिम्मेवार देहला से गैरजिम्मेवार बढला से अस्पताल के हालत बेहाल भईल जनकार लोग के कहनाम रहल बा ।
अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष प्रकाश चौगाई से जनकारी लेहला पर स्वास्थ्य विमा के दवाई २५ प्रतिशत उपलब्ध बा जवन दिया रहल बा कार्यालय प्रमुख के सरूवा भईला से खरिद ना करे सकला पर कमि भईल जनकारी करवले बानी । ईसिजि करेवाला कागज ओरागईल बा, बजेट खर्च करेवाला अधिकार ना भईल निमित्त प्रमुख भईला से खरिद करे ना सकला से ना होरहल अध्यक्ष चौगाई बतावले बानी ।
आईसुयु एक महिना से बन्द रहल बा प्रमुख के लापरवाही भईला से आवेवाला प्रमुख आवते सञ्चालन मे लियावेवाला काम कईल जाई चौगाई बतावले बानी । सेवाग्राही कामर परल बा सरकार से डाक्टर ना भेजला से सभे काम मे कठिनाई होरहल अध्यक्ष चौगाई जनकारी करावले बानी । निमित्त प्रमुख डाक्टर अजय गुप्ता के मोवाईल नम्वर ९८५१२०९४२१ मे सम्पर्क कईला पर फुन ना उठवले जवना से बातचित ना होखे सकल बा ।






