वीरगंज भन्सार के पुराना गोदाम मे आगलागी।

वीरगंज ०७ माघ,
वीरगंज भन्सार कार्यालय भितर रहल पुराना गोदाम घर मे आजु सँझिया अचानक आगलागी भईल बा ।
बिद्युत सर्ट होके सँझिया करिब ८ बजे के समय मे भईल आगी करिब ९ बजे के समय मे बुतल रहे ।

वीरगंज महनगरपालिका से पुगल दु गो दमकल, सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी आ वीरगंज भन्सार कार्यालय के कर्मचारीलोग के सहजोग मे आगी नियन्त्रण मे आईल पुलीस जनवले बा ।

आगी नियन्त्रण मे अईला पर भी जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका से १ गो, कलैया उपमहानगरपालिका से १ गो आ पोखरिया नगरपालिका से १ करके ३ गो दमकल आगलगी स्थल मे पुगल रहे ।

आगलगी भईल गोदाम मे वेस्टेज सामानसब मात्र रहल आ कउनो भी मानविय क्षति ना भईल वीरगंज भन्सार कार्यालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।