अर्थतन्त्र गौरव करे लायक रास्ता मे बा :- अर्थमन्त्री डा खतिवडा।

काठमाण्डु ७ माघ,
अर्थमन्त्री डा युवराज खतिवडा देश के अर्थतन्त्र सुदृढ, सरल आ स्थायी मार्ग मे अगाडि बढ रहल बतवनी । कृषि विकास बैंक लिमिटेड के ५३ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे आजु इहाँ आयोजना कईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ नेपाल के अर्थतन्त्र गौरव करे लायक बढिया रास्ता मे रहल बा कहनी ।

देश के आर्थिक वृद्धि ६ से ८ प्रतिशत के बीच मे होखेके उल्लेख करत अर्थमन्त्री खतिवडा कहनी कि, “अर्थतन्त्र कहल हरदम चढाव उतराव हि ह, हरदम सरल आ सिधा रास्ता मे ना चली, हमनी के भूगोल जइसन अर्थतन्त्र के प्रवृत्ति होखी ।”नेपाल के समग्र वित्तीय प्रणाली आ बैंङ्किङ प्रणाली दक्षिण एशिया मे सबसे सुदृढ प्रणाली के रुप मे स्थापित रहल बतावत उ कहनी कि, “निष्क्रिय कर्जा पत्यावे ना सकेवाला किसिम से निचे बा, उ स्वागतयोग्य ह ।”

बितल समय मे २२ प्रतिशत तक पुगल मूल्यवृद्धि अभी ६ प्रतिशत मे सीमित रहला पर भी मूल्यवृद्धि बढल कहके तर्क कइसन होखी ? कहके सवाल करत अर्थमन्त्री डा खतिवडा नेपाल के २० बरीस के औसत मूल्यवृद्धि १० प्रतिशत से उपर रहल जनवनी । विवेकपूर्ण तरिका से अर्थतन्त्र के व्याख्या कईल जरुरी रहल बतावत उ कहनी कि, “अर्थतन्त्र के यथार्थ सूचक के बुझ के छलफल कईला पर सकारात्मक रास्ता मे चलल जा सकता ।

नेपाल राष्ट्र बैंक के डिपुटी गर्भनर चिन्तामणि सिवाकोटी देश के गार्हस्थ उत्पादन मे महत्वपूर्ण योगदान रहल कृषि क्षेत्र उपेक्षित भईल कहके सिकाईत के सम्बोधन करे खातिर बैंक ई क्षेत्र मे लगानी केन्द्रित करो कहनी ।

बैंक के सञ्चालक समिति के अध्यक्ष क्षेत्रबहादुर सेजुवाल बैंक से अभी ग्राहक के जरुरत आ माग के ध्यान मे राख के सभी किसिम के वाणिज्य बैङ्किङ सेवा प्रदान करत आईल जानकारी देहनी ।
प्रमुख कार्यकारी अधिकृत अनिलकुमार उपाध्याय कृषि क्षेत्र के ना छोडेवाला आउर क्षेत्र के जोडेके नीति के साथ बैंक देश के २७४ शाखा के सूचना प्रविधि मे जोड के काम कर रहल बतवनी ।

पूर्वअध्यक्ष श्रीकृष्ण उपाध्याय ‘नेपाली जनता के घर आँगन के बैंक, कृषि विकास बैंक’ कहके नारा के सफल बनावे खातिर बैंक के आधुनिक आ अग्रणी बैंक के रुप मे स्थापित करेवाला तरिका से कार्जक्रम बना के अगाडि बढे खातिर पदाधिकारी आ कर्मचारी के सुझाव देहनी ।

बैकर्स एशोसिएशन के अध्यक्ष भुवन दाहाल बैंक के कृषि क्षेत्र मे बडका आयोजना के खातिर लगानी के नेतृत्व करे खातिर सुझाव देहनी । बैंक के एक लाख ४२ हजार ऋणी मेसे उत्कृष्ट कारोवार करेके, बैंक मे लम्हर समय सेवा कईल आ पूर्व कर्मचारी के सम्मान कईल गईल रहे ।
कर्जा प्रवाह १४ अरब से बढल
बैंक बितल पुस मसान्त तक कूल १२७ अरब निक्षेप आ ११७ अरब प्रवाह करेमे सफल भईल बा ।

पहिलका बरीस के बराबरी मे निक्षेप १८ अरब आ कर्जा मे रु १४ अरब वृद्धि भईल बैंक जनवले बा । बैंक सहुलियतपूर्ण कृषि कर्जा ओरी दु हजार ५०० से बेसी ग्राहक के रु ५ अरब से बेसी लगानी कईले बा ।
बैंक के सञ्चालन मुनाफा ८ प्रतिशत से बढ के रु ५३४ करोड पुगल प्रमुख कार्यकारी अधिकृत उपाध्याय जानकारी देहनी ।

अभी बैँक निष्क्रिय कर्जा ३.२९ प्रतिशत मे राखेमे सफल भईल बा । बैंक के आव २०७५÷७६ के वार्षिक साधारणसभा पश्चात अधिकृत पूँजी रु २१ अरब आ कूल चुक्ता पूँजी रु १४ अरब ९८ करोड ९१ लाख ७२ हजार बा ।

नयाँ बरीस २०७६ के शुभारम्भ सहित सरकार से लियावल सभी नागरिक के बैंक खाता अभियालन के कृषि विकास बैंक महत्वपूर्ण टेवा पुगईले बा । उ अन्तर्गत अभी तक ५२ हजार से बेसी जनता के बचत खाता खोलल बैंक जनवले बा ।

बैंक आपन शेयरधनी के नगद लाभांश २४ प्रतिशत आ बोनश शेयर ६ प्रतिशत करके ३० प्रतिशत लामांश वितरण कईले बा । बैंक से प्रवाह कईल कर्जा मेसे ८० प्रतिशत १० लाख से कम के रहल बा ।

कृषि के साथे पर्यटन, जलविद्युत् लगायत उत्पादनमूलक एवं प्राथमिकता प्राप्त क्षेत्र मे कर्जा प्रवाह कईल बैंक जनवले बा । कृषि क्षेत्र के माध्याम से समग्र देश के विकास करेके उद्देश्य से २०२४ माघ ७ गते बैंक के स्थापना कईल गईल रहे । समारोह मे ‘बैंक समाचार’ विशेषाङ्क के विमोचन कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।