हरिहर बन कर्मचारी के धन भईल, रकक्षक हि भकक्षक भईलें तस्करी के पइसा से जिल्ला बन कार्यालय के प्रमुख मालामाल

जीराभवानी २६ माघ,

पर्सा जिल्ला बन कार्यालय अन्तर्गत रहल राष्ट्रिय बन कर्मचारी के मिलीभगत मे बहुते मात्रा मे बन कटान हो रहल तथ्य सार्वजनिक भईल बा ।

पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. २ अन्तरगत रहल बसन्तपुर सव डिभिजन वन कार्यालय आ पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ रंगपुर मे रहल ईलाका बन कार्यालय के मातहत मे रहल राष्ट्रिय बन मे बहुते मात्रा मे चोरी तस्करी हो रहला पर भी सम्बन्धित निकाय मौन रहल स्थानियबासी के आरोप रहल बा ।

वन कार्यालय के कर्मचारी आ तस्करलोग के मिलीभगत मे वन से व्यापक रुप मे लकडी तस्करी हो रहल समाचार मे जनावल गईल बा ।

तस्करलोग प्रति गोलिया दु हजार से चार हजार तक वन कर्मचारीलोग के नजराना देके तस्करी कर रहल एक जने तस्कर नाम ना बतावे के शर्त मे ई दैनिक के बतवले बाडन । ओतने मात्र ना होके स्थानीय पुलीस चौकीसब के एक हजार से दु हजार तक नजराना देके तस्करलोग खुलेयाम दिनदहाडे लकडी तस्करी कर रहल उ तस्कर बतवले बाडन ।

स्रोत के मुताविक बसन्तपुर सव डिभिजन वन कार्यालय के कर्मचारी आ ईलाका बन कार्यालय रङ्पुर के कर्मचारी के मिलीभगत मे तस्करी हो रहल बतवले बाडन । तस्करलोग से मोटकस पईसा लेके तस्करी करा रहल बतावल गईल बा ।

हरेक दिन सबेरे सँझिया उ वन कार्यालय अन्तर्गत के वन से सखुवा के काँच गाछि काट के लियावल सहजे देखल जा सकेके स्थानिय बतवले बाडन । उ सेक्टर वन मे कार्यरत कर्मचारी के मिलीभगत मे लकडी चोरी–तस्करी के सेटिङ होखे के आ समय मसय मे काम देखावे खातिर लकडी पकडत आईल स्थानीय के कहनाम बा ।

डिभिजन वन कार्यालय अन्तर्गत के बसन्तपुर वन कार्यालय के क्षेत्र मे पडेवाला अधिकांश इलाका बन कार्यालय के इन्चार्ज ना रहला से भी वन तस्करी बढल स्थानीय के कहनाम बा । एहितरे पर्सा के पर्सागढी नगर पालिका से बन गस्ती टोलि बितल रात लकडी सहित दु गो साइकल पकडले बा ।

सेक्टर बन कार्यालय मधुवन मथवल के सुपेदार प्रदिप तिमिल्सिना के नेतृत्व मे गईल बन गस्ती टोलि पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर दु के गुलरिया गाँव लगे के जङ्गल मे बितल रात दु बजे के समय मे राष्ट्रिय बन से काँच सखुवा के गोलिया काट के लिया रहल अवस्था मे दु गो साइकल सहित दु थान सखुवा के गोलिया (चौध फिट) पकडल लगईल बा ।

बन गस्ती टोलि के देखते मातर तस्करलोग लकडी आ साइकल छोड के भागला से उलोग के पकडे ना सकल बन गस्ती टोलि दाबी कईले बा । पकडल गईल लकडी आ साइकल के जरुरी कारवाही के खातिर मधुवन मथवल सब डिभिजन बन कार्यालय मे राखल गईल सुपेदार तिमिल्सिना जानकारी देहले बानी ।

अइसे सब डिभिजन बनसब मे हो रहल तस्करी के पइसा मे जिल्ला बन कार्यालय के भी भाग मिलत आईल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा ।

जिल्ला बन कार्यालय के प्रमुख महिना मे तस्करी के लाखो रोपेया नजराजा बुझत अईला पर भी सम्बन्धित निकाय मौन रहला से स्थानियबासी अनेकन किसिम के शंका कर रहल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।