नारायणी अस्पताल मे २० बेड के आइसोलेसन वार्ड बनल

वीरगंज २२ चईत,
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे चिकित्सक के निहोरा मे अनेकन दातालोग २० शैय्या के आइसोलेसन वार्ड बनवले बाडन ।
आजु सबेरे जगदम्बा ग्रुप के सन्चालक राजेश अग्रवाल, रुङगटा वेयल फेयर सोसाइटी के सुरेश रुंगटा आ लायन्स क्लब वीरगंज के पूर्वनिर्देशक संजय खेतान के उपस्थिती मे सांसद प्रदिप यादव नवनिर्मित आइसोलेसन वार्ड अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय के हस्तान्तरण कइनी ।
नयाँ बनावल गईल आइसोलेसन वार्ड मे २० गो बेड राखल गईल बा । हरेक वार्ड मे खानेपानी के व्यवस्था कईल गईल बा । जगदम्बा ग्रुप, रुङगटा वेयल फेयर सोसाइटी आ लायन्स क्लब वीरगंज, अस्पताल से निहोरा कईला के बाद २० शैय्या के आइसोलेसन वार्ड बनवले बाडन ।
आइसोलेसन वार्ड हस्तान्तरण कार्जक्रम मे सांसद यादव ४ जिल्ला के मरेजी के ईलाज करत आईल नारायणी अस्पताल संघ आ प्रदेश दुनु सरकार के विभेद मे पडल सिकाईत कइनी ।
उ नारायणी अस्पताल मे कोरोना संक्रमण परीक्षण करेवाला पीसीआर मेसिन सहित के प्रयोगशाला सरकार तत्काल स्थापना ना कईला पर खुद अस्पताल मे धर्ना मे बईठेके चेतावनी भी देहनी ।
“जदि तत्काल ई काम ना भईला पर हम अस्पताल मे धर्ना बईठेम”, कहत उ, “जईसे भी काम करा के छोडेम । जरुरी पडला पर अनशन मे भी बईठेम ।”






