२५ वाँ जनयुद्ध मे दिप प्रज्जवलन

बारा ०१ फागुन,

बारा मे दिप प्रज्जवलन कर के २५ वाँ जनयुद्ध तथा जनआन्दोलन दिवस मनावल गईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के देवकोटा चौक मे आ भरत चौक पर दिप प्रज्जवलन कइल गईल बा । जनयुद्ध तथा जनआन्दोलन मे शहादत भईल लोग के सम्झना मे दिप प्रज्जवलन कईल गईल सहभागी लोग बतावले बाडन ।

वि स२०५२ साल मे तानाशाहि सरकार के विरुद्ध मे जनआन्दोलन सुरु भईल माओवादी तत्कालिन नेकपा के १० बरीस के आन्दोलन के बाद सरकार मे समावेश भईल रहे ।

कार्यक्रम मे देश आ जनता के हकहित के खातिर कईन जने शहादत भईल उनकरे सम्झना मे दिपप्रज्जवल कईल गईल नेकपा के जिल्ला कमिटि सदस्य उमेश कुशवाहा बतवले बानी । उ लोगन के बलिदानी आज बेकार ना भईल हम सब के महसुस भईल बा ।

दिप प्रज्जवलन कार्यक्रम मे देवकोटा चौक पर अखिल विद्यार्थी सगठन के संयोजक राजेश्वर कुशवाहा, नेकपाका कार्यसमिति सदस्य जलाउदिन मसुर, उमेश कुशवाहा, दिनेश यादव,रमोद यादव लगायत कार्यकर्ता लोग के सहभागिता रहल रहे ।

 

एहितरे कलैया के भरत चौक पर राष्ट्रिय युवा सगठन के अध्यक्ष पुरूषोतम साह के अध्यक्षता मे दिप प्रज्वलन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।