समृद्धि आ विकास के आधार तइयार भईल सरकार के दाबी

पोखरा, ४ फागुन,
गण्डकी प्रदेश सरकार आपन स्थापना के दु बरीस मे समृद्धि के महत्वपूर्ण आधार तइयार भईल समीक्षा करत दुसरका वार्षिकोत्सव मनवले बा । प्रदेश सरकार स्थापना के दुसरका वार्षिकोत्सव के अवसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे गण्डकी प्रदेश के प्रदेश प्रमुख अमिक शेरचन प्रदेश के विकास मे क्रियाशील होखे खातिर सरकार के निहोरा कइनी ।
उपलब्ध प्राकृतिक साधनस्रोत के संरक्षण के साथे बढिया उपयोग होखेके बात मे जोड देत प्रदेश प्रमुख जनभावना मुताविक सरकार बढे सकला पर मिलेवाला लोकप्रियता आउर प्रदेश के खातिर भी नमूना होखे सकेके बिचार रखनी । नदीनाला आ ताल तलैयाँ लगायत के साधन स्रोत के उपयोग करेके वातावरण निर्माण होखेके उनकर बात मे जोड रहे ।
उ अवसर मे गण्डकी प्रदेश के मुख्यमन्त्री पृथ्वीसुब्बा गुरुङ ई समय मे जरुरी कानून निर्माण होके सरकार भौतिक पूर्वाधार लगायत के हरेक क्षेत्र मे अगाडि बढ रहल बतवनी । प्रदेश के समग्र विकास के लक्षित करके पञ्चवर्षीय योजना बनावल बतावत उ २५ बरीस के दीर्घकालीन योजना भी तइयार भइल जानकारी देहनी । प्रदेश मे आर्थिक अनुशासन, सुशासन कायम करावे के बात मे सरकार प्रतिवद्ध भईल बतावत शान्ति सुरक्षा के प्रभावकारिता के खातिर प्रहरी सेवा के भी प्रभावकारी बनावे के खोजल बिचार रखनी ।
प्रदेश भितर सडक पूर्वाधार विकास के काम तेजी से अगाडि बढल बतावत उ खानेपानी आ विद्युत जइसन अत्यावश्यकीय सेवा के घरघर मे पुगावे वाला किसि मसे काम कर रहल बतवनी । सरकार के घोषित कार्जक्रम अन्तर्गत ८५ गो स्थानीय तह मे उद्योग ग्राम स्थापना करेके योजना मुताविक कईल अध्ययन अनुसन्धान के समय मे ५१ गो स्थानीय तह मे एकर सम्भावना देखल गईल आ आवेवाला पाँच बरीस भितर उद्योग ग्राम स्थापना करेके जानकारी देहनी ।
गण्डकी प्रदेश के पर्यटन के राजधानी घोषणा करे खातिर सङ्घ सरकार से माग कईल बतावत उ ई बीच मे पर्यटन पूर्वाधार के अनेकन काम अगाडि बढावल गईल बिचार रखनी ।
प्रदेश के प्रमुख प्रतिपक्षी दल के नेता कृष्णचन्द्र नेपाली निर्वाचन के समय मे व्यक्त कईल घोषणापत्र मुताविक काम भईल भा ना भईल ओकर समीक्षा करके अगाडि बढे खातिर सरकार के सुझाव देहनी ।
सरकार से हमनी के ना कहके बढिया राष्ट्रसेवक के प्राथमिकता मे राखे सकला पर ओकरा से आउर प्रदेश से भी कमचारी के आकर्षण एकरा ओरी बढावे सकला मे उनकर जोड बा ।
प्रदेश के प्रमुख सचिव हरिप्रसाद बस्याल प्रदेश सरकार समृद्धि आ विकास के लक्षित करत अगाडि बढ रहल बतावत ई समय मे बहुते महत्वपूर्ण काम से तेजी लेहल बतवनी । कार्जक्रम मे प्रदेश सरकारद्वारा प्रकाशित गण्डकी प्रदेश सरकार के दु बरीस नामक पुस्तक के मुख्यमन्त्री गुरुङ आ प्रदेश प्रमुख शेरचन संयुक्तरुप मे लोकार्पण कइनी ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सर्वोत्कृष्ट कर्मचारी के रुप मे एक लाख रोपेया नगद पुरस्कार सहित मुख्यमन्त्री तथा मन्त्री परिषद कार्यालय के कानून सचिव दलबहादुर अधिकारी के पुरस्कृत करेके घोषणा कईल गईल रहे । आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय के शाखाअधिकृत सुमन भट्टराई लगायत प्रदेश अन्तर्गत के १८ जने कर्मचारी के ५० हजार आ २५ हजार रोपेया नगद सहित उत्कृष्ट निजामती कर्मचारी के रुप मे पुरस्कृत करेके घोषणा कईल रहे ।






