रौतहट मे होखेवाला महायज्ञ मे राष्ट्रपति अईहें

रौतहट ४ फागुन,
रौतहट के मौलापुर मे होखेवाला मधानी महायज्ञ के तइयारी अन्तिम चरण मे पुगल बा । मौलापुर नगरपालिका ५ पतौरा मे होखेवाला महायज्ञ के एतवार के दिने कलशयात्रा कईल गईल बा ।
पतौरा मे रहल पुरातात्विक महादेव मन्दिर के प्राङ्गण मे होखेवाला महायज्ञ मे राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी सहभागी होखेके आयोजक जनवले बा । एतवार के दिने आयोजना कईल पत्रकार सम्मलेन मे रौतहट क्षेत्र नम्बर ३ प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रभु साह महायज्ञ मे लाखो भक्तजन आवेके बतवले बानी । रौतहट मे पहिलका बेर होखे लागल धार्मिक मदनी महायज्ञ के खातिर व्यवस्थापकीय, भौतिक तइयारी के काम अन्तिम चरण मे पुगल बतवनी ।
राष्ट्रपति विद्या भण्डारी से फागुन ६ गते मन्दिर प्राङ्गण मे विषेश पूजा होखेके आ उ पूजा मे पशुपतिनाथ मन्दिर के मूल भट्टद्वारा मन्त्रोच्चारण करा के विशेष पूजा करेके कार्जक्रम रहल बा ।
महायज्ञ मे फागुन ४ गते शिवलिला प्रदर्शन, ५ गते महायज्ञ शुभारम्भ तथा नेपाली कलाकारलोग के सांस्कृतिक प्रस्तुति के कार्जक्रम बा ।
शिवरात्री के दिन तक चलेवाला महायज्ञ मे नेपाल आ भारत के करिब ५ लाख से बेसी श्रद्धालु भक्तजन आवेके अनुमान कईल आयोजक जनवले बा ।






