किर्ते सही छाप कर के जग्गा करोवार करेवाला सात जना के पकडलें
प्रभु यादव
बारा ०६ फागुन,
बारा के ईलाका प्रहरी सिमरा सरकारी छाप दस्तखत किर्ते कर के जग्गा करोवार करेवाला सात जना के पकडले बा ।
सर्वोच्च के लेटरप्याड आ जग्गाधनी पुर्जा के किर्ते कर के कारोवार करेवाला लोग के ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा पक्राउ कर के सार्वजनिक कईले बा ।
पकडाये बाला मे बारा के महागढीमाई नगरपालिका वडा नम्बर ८ के ३९ वरीस के वोहाव अन्सारी, कलैया उपमाहानगरपालिका वडा नम्बर ६ के ५९ वरीस के प्रहलाद प्रसाद रेग्मी, कैलालि जिल्ला के गोदावरी नगरपालिका–११ के ५० वरीस के चन्द्र बहादुर सिंह आ प्युठान के दाङघोराहि उपमहानगरपालिका वडा नम्बर १८ के ५९ वरीस के हस्तबहादुर नेपाली रहल बा । पक्रडाईल नेपाली सर्वोच्च अदालत के निवर्तमान नायव सुब्बा हउवन आ वोहाव अन्सारी राजनैतिक नेता हवन ।
तिनु जने बारा के साबिक रामपुरटोकनी गाविस–२ आ हाल जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वडा नम्बर २३ मे परल कित्ता नम्बर ३६२ के बिवादित एक बिगाह १० कठ्ठा सार्वजनिक जग्गा ब्यक्ती के नाम मे मोठ श्रेष्ता कायम करावेला के सर्वोच्च अदालत के लेटर प्याड किर्ते कईल अनुसन्धानमे मिलल ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरिक्षक गोबिन्द पुरी जानकारी दिहनी ।
ओईसही बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वडा नम्बर २ सिमरा स्थित कित्ता नम्बर ११३० के १० धुर जग्गा के किर्ते पुर्जा बना के बिक्री करेके खोज्नला पर पर्सा के वीरगञ्ज महानगरपालिका–१८ के ४९ बरीस के बलराम रौनियार, बहुदरमाई नगरपालिका वडा नम्बर ३ के ३५ वरीस के सलिम मिया अउर उहे नगरपालिका वडा नम्बर २ के २४ वरीस के सुनिल कुमार यादव सगही साझ मे प्रहरी से पक्राउ मे परल बा । स्थानीय ज्ञानेश्वर थपलिया के नाम मे रहल उ जमिन किर्ते कागज तयार कर के सुनिल यादव के आपन नाम दर्ता करा के दुसर ब्यक्ती बेचेला खोजला पर मिलल उ कार्य मे संलग्न रहल रौनियार आ मिया खातिर पकडाईल प्रहरी नायब उपरिक्षक पुरी बतावले बानी ।
पकडाईल सबके सरकारी छाप किर्ते विषय के मुद्धा दर्ता गईल आ आवश्यक अनुसन्धान होरहल जनकारी भईल बा ।






