सञ्चारमन्त्री बाँस्कोटा के राजीनामा

काठमाण्डु, ८ फागुन,

सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री गोकुलप्रसाद बाँस्कोटा आजु आपन पद से राजीनामा देहले बानी । सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा प्रतिनिधिसभा बईठक मे उ जानकारी देहले बानी ।

प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस सञ्चारमन्त्री बाँस्कोटा सेक्युरिटी प्रेस खरिद प्रक्रिया मे कमिशन माग कईल अडियो संवाद सार्वजनिक भईल कहत तत्काल उनका के बर्खास्त करेके माग कईला के बाद सभामुख सापकोटा उ जानकारी देहले बानी ।

प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के शुरु मे काँग्रेस के सांसद आसन से खडा होके विरोध जनवला के बाद सभामुख उनकर राजीनामा आइल खुद के अनौपचारिक जानकारी मिलल बतवले बानी ।

सभामुख सापकोटा शहरी विकासमन्त्री भी रहल बाँस्कोटा के राजीनामा आइल जानकारी करावत बईठक सञ्चालन करे खातिर निहोरा कईला पर भी काँग्रेस के सांसद आसन से खडा भईला के बाद बईठक आजु के खातिर स्थगन कईल गईल बा । प्रतिनिधिसभा के दोसर बईठक इहे फागुन १३ गते दुपहरिया १ः०० बजे बइठी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।