मिडिया काउन्सिल विधेयक सँचियावे खातिर सभामुख से पत्रकार महासंघ के निहोरा

काठमाण्डु १२ फागुन

नेपाल पत्रकार महासंघ मिडिया काउन्सिल आ सूचना प्रविधि विधेयक मे रहल प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के बन्देज लगावे के प्रावधान सँचियावे खातिर सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा के ध्यानाकर्षण करवले बा ।

सोमार के दिने सापकोटा से भेट करे पुगल महासंघ के टोली प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता लोकतन्त्र के प्राणवायु रहला से ओकरा के बन्देज लगावे के प्रावधान के सँचियावे खातिर ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।
कार्यबाहक अध्यक्ष विपुल पोखरेल आ महासचिव रमेश विष्ट सहित के टोली सोमार के दिने सभामुख सापकोटा से भेट करके अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता से सरोकार राखेवाला कानून निर्माण कईला पर सरोकारवाला के आवाज सुने खातिर निहोरा कईले बाडन ।

“मिडिया काउन्सिल विधेयक, सूचना प्रविधि विधेयक लगायत सभी विधेयक के संसदीय प्रक्रिया से टुंग्यावे के समय मे सरोकारवाला के आवाज सुनेके, सम्बोधन करेके आ उलोग से ब्यापक छलफल करेके बात के भी सँगे लेजाए के विषय के सम्माननीय सभामुख महोदय विशेष ध्यान देहेम कहके हमनी के विश्वास बा” महासंघ कहले बा ।

संसदसे कानून निर्माण करेके समय मे सरोकारवाला सँगे के छलफल मे वृद्धि करे खातिर भी महासंघ निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।