चईते दशहरा मे वीरगंज मे गहवा माई के निशान सहित के डोली यात्रा

चईते दशहरा मे वीरगंज मे गहवा माई के निशान सहित के डोली यात्रा

वीरगंज २७ चईत

वीरगंज के प्रख्यात गहवा माई मन्दिर चईते दशहरा के अवसर मे गहवा माई के निशान सहित के डोली यात्रा करेके जनवले बा ।
मन्दिर व्यवस्थापन के काम करत आईल माईस्थान सञ्चालन समिति पहिलका बेर वैशाख ४ गते चईते दशहरा के अवसर मे माई के निशान सहित के डोली यात्रा करेके तईयारी कईले बा ।
समिति के अध्यक्ष नरेन्द्र शाह पहिलका बेर गहवा माई के निशान सहित के डोली यात्रा करे लागल जानकारी देहनी । “गहवामाई मन्दिर वीरगंज क्षेत्र के मात्र आस्था के धरोहर ना होके समग्र मधेश प्रदेश सँगे पडोसी देश भारत के विहार राज्य के दशनार्थी के आस्था के केन्द्रबिन्दु रहत आईल बा”, कहत उ, “ई मन्दिर मे भाकल तथा पूजापाठ कईला मे सिद्धि प्राप्त होखेके जनविश्वास बा । जउना के चलते दैनिक दु हजार से बेसी दशनार्थी आवेलन ।”
मन्दिर के मूल पुरोहित राधेश्यामप्रसाद उपाध्याय डोली तथा निशान पूजा के शुभसाइत वैशाख ४ गते दिन के २ बजे आ डोली यात्रा के साइत उहे दिन के ४ बजे रहल बतवनी । डोली यात्रा गहवा माई मन्दिर प्राङ्गण से सुरु होके वीरगंज के रोड नम्बर २ होत विर्तामाई मन्दिर, अलखिया मठ, महावीर मन्दिर, घण्टाघर होत गहवा माई मन्दिर प्राङ्गण मे होखी । मन्दिर के मूल पुरोहित उपाध्याय मन्दिर के स्थापना मिति यकीन ना भईला पर भी सयो बरीस पुराना आ ऐतिहासिक मन्दिर भईल बतवनी ।
आकर्षक शैली मे मार्बल प्रयोग करके निर्माण कईल मन्दिर दु तला के बा । मन्दिर के गर्भगृह मे ऐतिहासिक गहवा माई के मूर्ति आ सात गो देवी के पिण्ड राखल बा । मन्दिर के उपरला तला मे चाँदी मे कुँदके नाग के सात गो देवि के पिण्ड राखल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका नगरप्रमुख राजेशमान सिंह वीरगंज के वैभव के रुप मे गहवामाई मन्दिर रहल बतवनी । “महानगर गहवा माई के सात दिदीबहिन के मन्दिर के प्रचारप्रसार करे लागल बा”, उ कहनी । समिति के सचिव कन्हैयालाल केशरी डोली यात्रा मे करिब पाँच हजार से बेसी भक्तजन के उपस्थिति होखेके दाबी कईनी । “गहवा माई के नगर परिक्रमा करईला मे नगरवासी के सुखशान्ति आ समृद्धि प्राप्त होखेके जनविश्वास रहत आरहल बा”, उ कहनी, “दशहरा के नवरात्रि आ चईते दशहरा मे ई मन्दिर मे विशेष मेला लागेला ।”
समिति के मुताविक डोली यात्रा मे करिब रु आठ लाख खर्च लागी । उ खर्च भक्तजन के स्वतःस्फूर्त दान रकम से चली । ई मन्दिर मे खास करके शनिचर आ मंगर के दिने श्रद्धालुभक्तजन दर्शन के खातिर आवेला । मन्दिर मे साधारण पूजा करे खातिर शुल्क ना लागी । माकिर मन्दिर के गर्भगृह मे जाके विशेष पूजा करे खातिर रु दु सय ५५ के टिकट लेवेके पडि । ई मन्दिर मे सरकारी निकाय फूलपाती मे बढाइँ करेके परम्परा बा । ई मन्दिर वीरगंज के घण्टाघरचोक से दु मिनेट के दूरी मे परी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।