वीरगंज के १२ गो निमावि स्कुल मे प्रधानाध्यापक खटावल गईल

वीरगंज १५ फागुन,
वीरगंज महानगरपालिका के १२ गो निम्न माध्यमिक तह मे निमावि तह के प्रधानाध्यापक खटावल गईल बा ।
किलास ८ तक अध्यापन होखेवाला भईला पर भी प्राथमिक तह के प्रधानाध्यापक से सञ्चालन कर रहल १२ गो विद्यालय मे निमावि तह के प्रधानाध्यापक खटावल गईल बा ।
निमावि दरबन्दी ना भईल विद्यालय मे दरबन्दी सहित प्रधानाध्यापक नियुक्त करेके शिक्षा समिति के निर्णय के बाद १२ गो निमावि मे प्रधानाध्यापक खटावल गईल वीरगंज महानगरपालिका के शिक्षा महाशाखा जनवले बा ।
निमावि बसडिल्वा, बेल्वा प्रसौनी, भवानीपुर, टेडा सिमरा, रामदेनी तिवारी, ईन्दु लाखे, बाल मन्दिर, बलिरामपुर, जगरनाथपुर, भेडियारी, लालपर्सा, तौहिदुल मदरसा मे प्रधानाध्यापक खटावल गईल बा । तीन गो विद्यालय मे प्रधानाध्यापक परिवर्तन कईल आ बाँकी मे नयाँ प्रधानाध्यापक पठावल गईल माहाशाखा जनवले बा । कुरेश गद्धी के तौहिदुल मदरसामा, सुखचैना मावि के दीपक सर्राफ के बेल्वा प्रसौनी मे, श्रीपुर स्कुल के शिक्षक देवनाथ साह के बसडिल्वा मे खटावल गईल बा । शिक्षा समिति के निर्णय मुताविक सरुवा कईला पर भी अनेकन विद्यालय मे समस्या देखल गईल बा ।
भवानीपुर मे खटावल गईल राम बालक चौरसिया विद्यालय नियमित जा रहला पर भी पुराना प्रधानाध्यापक हाजिर करे नइखन देहले । उहाँ रहल प्रावि तह के प्रधानाध्यापक राम नरेश यादव अवकाश के बाद मात्र हेडमाष्टर के कुर्सी छोडेके अडान लेके बईठल बाडन । उ समय तक चौरसिया सहायक रहेके उनकर कहनाम बा ।
बाल मन्दिर मे नयाँ आ पुराना प्रधानाध्यापक मिल के चलावेके सहमति कईले बाडन । शिक्षा महाशाखा बलिरामपुर मे हाकिम अन्सारी के खटवले रहे । उ प्रअ के रुप मे हाजिर त कईले बाडन माकिर पुराना प्रधानाध्यापक बलिराम यादव के विरोध से खाता सञ्चालन करेमे समस्या हो रहल शिक्षा महाशाखा जनवले बा ।
भेडिहायी मे रामरेखा राय हाजिर भईल बाडन । लालपर्सा मे नयाँ आ पुराना प्रधानाध्यापकबीच सहमति करके विद्यालय के खाता सञ्चालन मे लियावल गईल बा ।
तोहिदिल, इन्दुलाखे, रामदेनी तिवारी मे खटावल गईल प्रधानाध्यापक जाएके नइखन मनले । रामदेनी तिवारी मे खटावल गईल चन्देश चौहान ना जाएके अडान लेके बईठल बाडन ।
टेढा सिमरा निमावि मे स्थायी शिक्षक के हि प्रधानाध्यापक के जिम्मेवारी देहल गईल शिक्षा महाशाखा जनवले बा ।
शिक्षा महाशाखा के प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण शुरु मे सभी जइसन जगहा मे विवाद देखल गईला पर भी अभी समस्या समाधान होत जा रहल जानकारी देहनी ।
“स्कुल के अपग्रेड कईला के बाद प्रधानाध्यापक भी अपग्रेड लेभल के होखेके चाहिं, स्थानीय के माग आ सिस्टम मे भईल व्यवस्था भी उहे ह । केतना दिन सुविधाविहीन बनावे के कहके सरुवा कईल गईल बा” कहत उ “एकओरी सुविधा ना मिलल कहके सिकाईत बा, दोसर ओरी देहल सुविधा ना लेवेके परिपाटी बा । क्रमशः समस्या समाधान कर रहल बानी ।”
कैयन विद्यालय मे विद्यमान प्रधानाध्यापक नयाँ के जिम्मेवारी बहन करे ना देहल आ कैयन मे व्यवस्थापन समिति भी परिवर्तन ना करेके कहके पत्र पठईला पर भी समस्या समाधान के समय मे रहल उनकर कहनाम बा ।






