बारा मे ३४ हजार चार सय ४० मेट्रिक टन मछरी उत्पादन होरहल

प्रभु यादव
बारा १७ फागुन,
बारा मे ३४ हजार चार सय ४० मेट्रिक टन मछली उत्पादन होरहल बा । नेपाल मत्स्य व्यवसायिक संघ जिल्ला कार्य समिति बारा के तिसरा अधिवेशन कार्जक्रम के प्रतिवेदन पेस करत अध्यक्ष जगबहादुर साह जानकारी करावले बानी ।
नेपाल मे कुल घरेलु उत्पादन ३६ प्रतिशत आ श्रम शक्ति ६६ प्रतिशत योगदान करहल प्रतिवेदन पढत जनकारी देहनी । माछा व्यवसायी संघ मछली उत्पादन, हृचारी, मछरी पकडेवाला समूह, मछरी बेचेवाला आ सजावटी मछली लगायत के काम किसान लोग के अगाडि बढेला प्रतिवेदन मे लिखल गईल बा । भारत से मछली लेया के नेपाल मे पुर्ति होरहल बा जवना के आपने देश मे उत्पादन कर के पूरा करेला संघ प्रयास करहल बा ।
बारा जिल्ला मे छोटका आ बडका कर के छव हजार आठ सय ७० गो पोखरा रहल बा कार्यक्रम मे जनकारी करावल गईल । करीब तीन हजार सात सय ५० हेक्टर जमिन मे मछली खेती कईल जारहल जनकारी करावल गईल । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणीन्द्र मणि पोखरेल नेपाल कृषि प्रधान देश हवे माकिर आपना पर अत्म निर्भर ना बने सकल जनकारी देहनी ।
कवनो जवाना रहे कि नेपाल से अन्न सब भारत लगायत विदेश मे पठावल जात रहे माकिर अभि विदेश से आरहल बा प्रमुख पोखरेल जनकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम मे मर्दाना लोग से जादा जनानी लोग के सहभागिता भईला से अत्मनिर्भर बने के संकेत दे रहल कहनी । बारा के माछा सुपर जोन के प्रमुख डा. सुरेन्द्र प्रसाद यादव मानव जीवन के सब से उतम अहारा मछली रहल बा कहनी । मानव के मष्तीक, शारीरीक विकास करावे मे मद्दत करेला कहनी ।
कार्जक्रम मे संघ के अध्यक्ष जगबहादुर साह के अध्यक्षता मे आ कोल्हवी नगरपालीका के मेयर भरतबहादुर भण्डीरी के प्रमुख अतिथियता मे जवना मे केन्द्रीय वरिष्ठ उपाध्यक्ष मधुसुदन अधिकारी महासचिव योगेन्द महतो थारू लगायत वार्ड अध्यक्ष कर्मचारी, किसान, पत्रकार सब के सहभागिता रहल रहे ।






