दु समूह के झगडा छोडावे खातिर पुलीस १३ राउण्ड फायर कईलख

प्रभु यादव

बारा ०१ भादो

मछरी मारे के खातिर दु समूह के विच भईल झडप के सामय करे खातिर १३ राउण्ड हवाई फायर आ छव राउण्ड अश्रुग्यास पुलीस चलवले बा ।

बारा के आर्दशकोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर–६ पर्टेवा आ सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर–११ भगवानपुर गाँव के बीच मे रहल पोइन मे दुनु गाँव के लोग बिच बात–बात मे विवाद बढ के झडप भईला से करिब पाँच जने घायल भईल रहलन ।

झै–झगडा के जानकारी दुनु गाँव मे पुगला के बाद हजारो के संख्या मे पुगल भिड के हटावेला पुलीस १३ राउण्ड हवाई फायर आ छ राउण्ड अश्रुग्यास प्रहार कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ के प्रहरी टोली आ जिल्ला से आउर प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र सहित के प्रहरी टोली पहुच के हवाई फायर कर के भिड के हटवले रहनी ।

हुल के प्रहरी से तितरबितर कर के सामय कईला के बाद उ जगह के अवस्था सामान्य रहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी करावले बानी ।

घायल भईल लोग के स्थानीय स्वास्थ्य केन्द्र मे ईलाज हो रहल आ विशेष विवरण आवे के बाकी रहल जानकारी आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।