होटल मे एक जने पुरुष के लास मिलल
वीरगंज १८ फागुन,
वीरगंज स्थित चौधरी होटल एण्ड लज मे एक आदमी के एतवार के दिने लास मिलल बा ।
वीरगंज– १६ बसपार्क स्थित होटल मे काठमाण्डु रहेवाला ५० बरीस के जीवन लामा मृत मिलल बाडन । लज के ११२ नम्बर कोठरी मे उ मुवल अवस्था मे बाडन कहके खबर मिलला के बाद पुलीस टोली घटनास्थल मे पुगल रहे ।
घटनास्थल तथा लाश जाँच मुचुल्का लगायत के प्रारम्भिक अनुसन्धान के बाद लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल बा । लामा के मृत्यु के कारण खुले ना सकल आ घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल प्रवक्ता डीएसपी शाही बतवनी ।






