परिचयात्मक गोष्ठी सम्पन्न।

प्रभु यादव
फागुन २२ गते कलैया
बारागढी गावपालीका के आयोजना आ युनिसेफ अा साझेदारी युनिसेफ नेपाल के सहयोग मे दिर्घकालीन खानेपानी सरसफाई तथा स्वच्छता सम्बन्धि योजना तर्जुमा परिचयत्यक गोष्ठी सम्पन्न भईल बा । बारागढी गावपालीका के अध्यक्ष देवदत बछाड के सभापतित्व मे भईल गोष्ठी मे छाया नेपाल के होमनाथ आचार्य आ पुष्कर आचार्य सहजिकरण कईले रहलन ।
राष्ट्रिय स्तर मे स्वच्छ पानी १८ प्रतिशत आ प्रदेश २ मे २६ प्रतिशत पियेवाला लोग रहल जनकारी करावल गईल । बारागढी गावपालीका के स्वच्छ खानेपानी , सरसफाइ खातिर १० वर्षियी योजना तयार करेखातिर सल्लाह सुझाव करेला गोष्ठी के अायोजना कईल गईल रहे ।
खानेपानी सरसफाइ तथा स्वच्छता योजना बनावला पर काम पूरा कर के पोषण , स्वस्थ्य , शिक्षा , संस्कार , प्रतिष्ठा , पर्यटन , समाजिक सद्भाव , संरक्षण , कृषि , जिविकोपार्जन आ खुशी देखल जाये के बतावल गईल बा । कार्जक्रम मे युनिसेफ के सरसफाई अफिसर सुनिता सुल्के , यु एन ट्रेन के रूपेश ठाकुर के रोहवर मे योजना बनावेला सात सदस्य समिति बनावल गईल बा ।
अछेलाल महरा के संयोजकत्व मे बनल समिति मे सदस्य सचिव धर्मेन्द्र चौधरी , सदस्य मे बारागढी गावपालीका के शिक्षा प्रमुख जलमती चौधरी , स्वस्थ्य शाखा प्रमुख ओमप्रकाश चौधरी , सहयोगि संस्था के उमेश चौधरी , गावपालीका कार्यसमिति सदस्य के गंगा कुमारी दास अा कलावती चौधरी रहल बा ।






