गण्डकी प्रदेशसभा के बईठक स्थगित

पोखरा, २९ फागुन,

गण्डकी प्रदेशसभा के आजु के बईठक स्थगन भईल बा । प्रमुख प्रतिपक्ष दल नेपाली काँग्रेस के अवरोध के बाद बईठक स्थगित भईल बा ।

प्रदेश सभामुख नेत्रनाथ अधिकारी से बईठक शुरु कईला के साथे काँग्रेस के प्रदेशसभा सदस्यलोग आपन आपन जगहा से उठल रहे । सभामुख बईठे खातिर बेर बेर निहोरा कईला पर भी ना बईठला के बाद प्रमुख प्रतिपक्ष दल के नेता के आपन कहनाम राखेके समय देहले रहनी ।

प्रमुख प्रतिपक्ष दल के नेता कृष्णचन्द्र नेपाली पोखरेल सभा मे बोलत सरकार वितल समय मे कईल प्रतिबद्धता पूरा करेके जरुरत रहल बतवनी । दोसर बईठक इहे फागुन ३० गते सबेरे ११ः०० बजे बईठेके जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।