सुरक्षित पियेवाला पानी योजना निर्माण कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव
बारा ०५ चईत,
जन जागरण युवा क्लव के आयोजना मे सुरक्षित पियेवाला पानी योजना निर्माण कार्जक्रम उप महानगरपालीका स्तरीय एक दिने योजना तर्जुमा बैठक तथा अभिमुखिकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर १ के कट्टीपर्सा आ २० के धानुक दलित बस्ती बसतपुर मे ४० हजार लिटर पानी के क्षमता भईल टंकी बनावे के कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल ।
कट्टीपर्सा मे ८१ लाख २६ हजार नव सय ३३ रोपेया आ धानुक दलित टोल बसतपुर मे ७८ लाख ५६ हजार दु सय ५५ रूपेया के लागत मे पानी टकी के निर्माण कईल जाये के कार्जक्रम मे जनकारी देहल गईल बा । कुल लागत के १५ प्रतिशत पालीका के आ तीन प्रतिशत जनसमुदाय के लगत लगावे के पडी जवना मे पाईप विछवे के माटी खने के भर देवे के काम करे के वजेट के बाडफाट कईल गईल बा ।
जन जागरण युवा क्लव के अध्यक्ष भैयाराम यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपाली के मेयर राजेश राय यादव के प्रमुख अतिथि मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
तथा वातावरण कार्यालय के इन्जिनियर किशोरी यादव, कलैया उपमहानगरपालीका के प्रमुख प्रसासकिय प्रमुख राजेन्द्र प्रसाद धिमिरे, बबिता जयसवाल, वार्ड नम्वर १ के अध्यक्ष हरिओम सोनार, २० के इमामुदीन मिया ठकुराई लगायत के लोग कार्जक्रम के सफलत बनावेला आ–आपने लागल रहे के जनकारी देहनी ।
फरवरी १० तारिख से ९ नवेम्भर तक चले वाला कार्जक्रम के बारे मे जन जागरण युवा क्लव के कार्जक्रम संयोजक सुरेन्द्र चौरसीया आ पानी वातावरण र जीवन संस्था के हिमत मास्के जनकारी करावले रहलन । सब के खातिर सफा पानी तथा सरसफाई पहुच सुनिश्चित करेला लक्ष्य लेके काम करहल कार्जक्रम के सञ्चालन श्रीनिवास बैठा कईले रहनी ।






