सिम्रौनगढ– ५ मे अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक

बारा ०५ चईत,

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं ५ मे अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक लगावल गईल बा । बुध के दिने बईठल वार्ड स्तर के बईठक से अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक लगावे के निर्णय कईले बा ।

कम उमिर मे भाग के बियाह करेके क्रम बढला के बाद वार्ड समिति मे छलफल के बाद अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक लगावे के निर्णय मे पुगल वार्ड अध्यक्ष रामबहादुर कुर्मी पटेल बतवले बानी ।
‘सरकार वियाह के उमिर २० बरीस तोकले बा माकिर एक महिना मे चौरहरिया टोल से मात्र दु जने १२÷१४ बरीस के लडकीलोग भगलें ।

बेटाबेटी भागला के बाद गारजियन जनप्रतिनिधि लग सिकाईत लेके आवेलन’ कहत उ ‘वियाह भईला पर आपन ससुरा मे फुन करेके पडेला, फुन चाहिं अविवाहित कहाँ फुन करीहन ? ओहिसे भय त्रास देखावे खातिर मोबाइल राखेमे रोक लगावेके निर्णय मे पुगल बानी ।’

अविवाहित लडका घर बाहर के काम मे रहला से उलोग के मोबाइल राखेमे रोक ना लगावल वार्ड अध्यक्ष कुर्मी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।