भारतीय रोपेया सहित पकडईले गुप्ता

जनकपुरधाम ५ चईत,
भारतीय रोपेया सहित एक भारतीय नागरिक के धनुषा पुलीस पकडले बा । नागरिक उडड्यन कार्यालय एयरपोर्ट जनकपुर से एक भारतीय नागरिक के भारु सहित पकडले बा ।
पकडाएवाला मे भारत के बिहार राज्यअन्तर्गत मुज्जफरपुर थाना काँटीग्राम पञ्चायत ९ रहेवाला शिवकुमार गुप्ता के पकडल गईल बा । जनकपुरधाम से विमान चढ के काठमाण्डु जाए लागल समय मे जनकपुरधाम एयरपोर्ट मे चेकजाँच के समय मे तीन लाख भारु सहित पकडल गईल प्रहरी उपरीक्षक रमेश कुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
दु हजार भईल १५० थान भारु नोट बरामद करके जरुरी कारवाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान विभाग पथलैया पठावल गईल बा ।






